कोरोना के भार केरल अकेले सम्हरले बा

by | Aug 5, 2021 | 0 comments

केरल में कोरोना लहर

(टटका खबर, बियफे, सावन अन्हरिया द्वादशी, 2078 विक्रमी)

देश के लिबरल मीडिया के चहेता आ बँवारा सरकार वाला इकलौता राज्य केरल आजुकाल्हु अकेलहीं अतना कोरोना मरीज रोज खोज निकालत बा जवना के मुकाबला पूरा देश मिल के नइखे कर सकत. काल्हु केरल में कोरोना के 23 हजार 676 मरीज मिललें जबकि देश के बाकी राज्य 18 हजार 949 मरीज खोज पवलें. एकरा खातिर लिबरल मीडिया के प्रशंसा करे में आ ओकर नाकामयाबी तोपे में जी जान से लागल बाड़ें. कोरोना से मरे वालन के आंकड़ो में केरल केहू से कम नइखे आ आबादी का हिसाब से देखल जाव त कोरोना से मौत होखे का मामिलो में केरल सबले ऊपर मिली.
बाकी देश अबहीं कोरोना के तिसरका लहर देखसु चाहे ना बाकिर केरल में तिसरका लहर आपन कमाल देखवले बा. हालांकि कहल जा सकल बा कि ऊ दोसरके लहर के थमे नइखे दे. एकरा खातिर मुसलमानन के बकरीद पर सगरी छूट देबे वाला केरल हिन्दुवन के परब पर पूरा कड़ाई से बंदिश थोपले बा. उमीद कइल जाव कि सुप्रीमो कोर्ट एकरा ला केरल के प्रशंसा करी.

काल्हु एगो बलात्कार पीड़िता सुकन्या (नियम का मुताबिक बलात्कार पीड़िता के नाम ना बतावल जा सके एहसे एगो काल्पनिक नाम ह सुकन्या) के महतारी संगे फोटो खिंचवा के राहुल गाँधी आलोचना का घेरा में आ गइल बाड़न आ उनुकर ऊ ट्वी़ट प्रकाशित क के ट्वीटरो पर हंटर चलत बा सोशल मीडिया के.

ओलंपिक में सबले अधिका छह गो पदक जीते वाला भारत अबकिओ पूरा जोर लगवले बा ओह निशान के पार क जाए में. वइसे सबले खास ई बा कि पहिले जवने पदक मिल जात रहुवे तवने पर देश आपन पीठ थपथपा लेत रहुवे. अबकी देश अपना के एह लायक समुझे लागल बा कि उहो पदक जीत सकेला आ एकरा पीछे खिलाडियन के मेहनत का साथही सरकारो के जोर लागल बा खिलाड़ियन के उत्साहित करे में.
टोक्यो ओलंपिक के पहिले दिने रजत पदक जीत के भारोत्तोलक मीराबाई चानू देश के गौरव बढ़वले रही. ओकरा बाद पहिला बेर ओलंपिक में दू गो पदक जीते वाला महिला खिलाड़ी बन गइली बैडमिंटन खिलाड़ी पीवी सिंधू जे अबकी का ओलंपिक में महिला एकल में कांस्य पदक जीतली. तिसरका पदक जीतली मुक्केबाज लवलीना बोरगोहेन जिनका कांस्य पदक मिलल बा. रजत पदक जीते वालन के कमतर बतावे के कोशिश त नइखीं करत बाकरि खिलाड़ी कांस्य पदक जीत के अधिका आनंदित होलें काहे कि रजत पदक हरला पर मिलेला जबकि कांस्य पदक जीतला पर.
भारत के अउरी पदक मिले के उमीद अबहीं बरकरार बा. पहलवान रवि कुमार आ दीपक पुनिया के कुश्ती में पदक जीते के पूरा उमीद बा. नीरज चोपड़ा पुरुष भाला फेंक का फाइनल दौर में आ गइल बाड़न. उऩुको से पदक जीते के उमीद कइल जा सकेला. भारतीय महिला हॉकी टीम कांस्य पदक ला ब्रिटेन से भिड़े वाली बिया आ अगर पदक जीत लिहलसि त ई एगो बहुते बड़ आ एतिहासिक उपलब्धि होखी.

जदयू संसदीय बोर्ड के अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा एह गरी जदयू के बयानवीर के जिम्मा उठवले बाड़न. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के पीएम मैटेरियल बतावे वाला उनुका बयान का बाद राजनीति में हलचल आ गइल बा. लोग सोचे लागल बा कि अपना निजी महत्वाकांक्षा का चलते विपक्ष में जइहें का. बाकिर तबले उपेन्द्र कुशवाहा एगो नया बयान दे के पुरनका बयान के घार कुंद कर दिहलें. कहलन कि लालू पूत तेजस्विओ के उहे हाल होखो वाला बा जवन रामविलास पूत चिराग पासवान के हो चुकल बा.

बिहार सरकार के अनुसूचित जाति-जनजाति कल्‍याण मंत्री संतोष कुमार सुमन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से भेंट क के कहत बाड़न कि उनुकर गोल हिन्दुस्तान अवाम पार्टी यूपी के विधानसभा चुनाव में शामिल होखी. कतना सीट पर आ केकरा साथे ई अबहीं तय होखल बाकी बा. जान जाईं कि बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल जीतनराम माँझी के बेटा हउवें संतोष कुमार सुमन. भाजपा के मजबूरी बा कि ओकरा लगे अबहीं कवनो मजगर दलित नेता नइखे. चिराग में संभावना रहुवे बाकिर नीतीश ओह संभावना के चिराग कबहिंए बुता दिहले बाड़न. आ भाजपा पता ना कवना मजबूरी में नीतीश से छुटकारा नइखे पावल चाहत. यूपी में मायावती के बसपो के हाल गिरावट का दौर में बा. से हो सकेला कि भाजपा माँझी के कद बढ़ावे के कोशिश करे ओकरा के यूपी विधानसभा में अपना साथे ले के.

कोरोना का दौर में कमाई के नया नया राह निकालत रेलवे बोर्ड अब तय कइले बा कि ट्रेनन में अब पांच गो से अधिका स्लीपर कोच ना लगावल जाई. साथही साधारणो कोच हटा दीहल जाई. एकरा बदले इकॉनामी क्लास वाला एसी कोच स्लीपर का जगहा आ इकॉनामी एसी चेयर कार लगावल जाई. शुरुआत बिहार आ पूर्वांचल से दिल्ली मुंबई खातिर चले वाली ट्रेनन से होखे जा रहल बा. एह बदलाव के फायदा ई होखी कि ट्रेनन के रफ्तार बढ़ जाई, बर्थ बढ़ जाई आ रेलवे के आमदनिओ बढ़ जाई.

बिहार में पंचायत चुनाव के तारीखन के एलान दस दिन भितरे होखे के उमेद बतावल जा रहल बा, कोरोना थमला का बाद स्कूल, कॉलेज, सिनेमाघर, आ मॉल वगैरह खोले के फैसला पहिलहीं लिहल जा चुकल बा.

बसपा के विधायक रहल जितेंद्र कुमार सिंह बब्लू के बुध का दिने भाजपा में शामिल करा के भाजपा अपना नेता रीता बहुगुणा जोशी के उलझन में डाल दिहले बिया. जान जाईं कि जितेन्द्र सिंह पर आरोप बा कि ऊ बरीस 2009 में रीता जोशी के घर जरावे वालन में शामिल रहलें. जबकि जितेन्द्र के कहना बा कि ऊ ओहमें शामिल ना रहलें आ उनुका पर गलत आरोप लगावल गइल रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up