टटका खबर, बियफे, दशमी, चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

by | Apr 22, 2021 | 0 comments

देश के विरोधी गोल चाहे ऊ राजनीति में होखो, मीडिया में होखो, प्रशासन में होखो, सरकार चलावत होखो, भा पंचइति करे में लागल होखो बुझात बा कि बाकायदा एगो टूल किट बना के देश के माहौल बिगाड़े में लागल बा. अपना देश के लोग त कउवा कान ले गइल सुनते कउवा का पाछा भागे लागेला बिना आपन कान टोवले. अफवाह उड़ा के एहिजा नूनो तीन सौ रुपिया किलो बेचा जाला. काहे कि जेकरा लगे बा ऊ जमाखोरी कर लेला आ जेकरा जरुरतो नइखे उहो खरीद के राखे लागेला. एह घरी देश विरोधी गोल आ मीडिया हवा बनावे में लागल बा कि आक्सीजन के कमी हो गइल बा. का करत रहुवे राज्य सरकार कि एकर इन्तजाम ना कइलसि. बाकिर दोष केन्द्र का कपारे साटल जा रहल बा. आक्सीजन के सिलिन्डर कीन-कीन के लोग अपना घर में रखले जात बा कि का जाने कब जरुरत पड़ जाई आ जब जरुरत पड़ी त पता ना भेंटाई कि ना भेंटाई. अस्पतालन में काम करे वाला लोगो एही समाज से आवेला. मौका के फायदा उठावे का लालच में उहो कमी बता के मनमाना दाम वसूले में लागल बा. बाजार में निकलल डॉकाटर से हर दुकानदार मनमाना वसुलेला बाकिर इहो चाहेला कि जब ऊ डॉक्टर का लगे जाव त डॉक्टर ओकरा के फोकटे में हर सेवा दे देव. अगर घर परिवार में कवनो डॉक्टर होखे त पता कर लीं कि ओकरा हर डेग पर कतना विभागन के पेट भरे के पड़ेला. तमाम नियम कायदा का जंजीरन में डॉक्टरन के जकड़ के राखि दीहल गइल बा. अगर जाँच करावे त लोग छाती पिटी कि बिना जरुरत जाँच करावल जा रहल बा. जाँच ना करावे आ कवनो ऊँच नीच हो जाव त कहाई कि फलाँ जाँच काहें ना करावल गइल. अदालतो अपना जज के गलत फैसला पर कवनो सजा ना देव जबकि ओकरा लगे पूरा समय होला फुरसत से सब देख-सुन-जानि के फैसला लेबे खातिर. डॉक्टर के आनन-फानन में फैसला लेबे के पड़ेला. ऊ एगो निर्दोष के बचावे का नाम पर सौ गो अपराधियन के जमानत ना दे सके. ओकरा हर बीमारी के इलाज करे के बा आ हर दवाई के कुछ ना कुछ अनचाहा साइड-इफेक्ट होखबे करेला. कहल गइल बा कि हर औषधि जहर होले आ हर जहर औषधि. सबकुछ एहपर निर्भर बा कि ओकर इस्तेमाल कवना तरह हो रहल बा. समाज अपना करनी के फल भुगत रहल बा आ ओकरा के अउर भुगतावे में लागल बाड़ें देश के विरोधी गोल-गिरोह. ओहनी के असल शिकायत बा कि अइसनका बहत मोरी में ओकरा डुबकी लगावे के मौका नइखे मिलल. सोच लीं कि अगर जो कहीं देश में गैर भाजपाई सरकार रहीत त अबहीं ले कतना घोटाला हो गइल रहीत. बबुआ के जब कोरोना हो गइल तब नोह कटा के शहीद कहाए का लालच में एलान कर दिहलन कि आपन सगरी रैली रद्द करत बाड़न. आ अगिले दिन राज खुल गइल कि कोरोना छूताह हो गइला का चलते उनुका लगे कवनो विकल्पे ना रहुवे. अब ऊ अधीर त हउवन ना जे कोरोनाह हो गइला का बादो एलान कइले बाड़न कि प्रचार करे के काम जारी रखीहन. ऑफ लाइन ना त ऑनलाइन.

आजु पश्चिम बंगाल के छठवां डेग उठल बा आ राज्य के चार जिलन में पसरल 43 गो विधानसभा सीटन पर वोट डालल जाई.

महाराष्ट्र के नासिक में डॉक्टर जाकिर हुसैन अस्पताल का बहरी एगो ऑक्सीजन टैंकर में रिसाव होखला का चलते नाहियो त 24 गो लोग के जान चलि गइल. जान बचावे वाला आक्सीजन से जान जाए के ई एगो दुखदायी हादसा बा.

राज्य बँटे से पहिले वाला मध्यप्रदेश के उप मुख्यमंत्री रहल कांग्रेसी नेता स्वर्गीय प्यारेलाल कंवर के बेटा, बहू, आ ओह लोग के एगो मासूम लइका के कत्ल पारिवारिक विवाद का चलते उनुके बडका भाई के परिवार कर दिहलसि. घटना छतीसगढ़ के कोरबा जिला के उरगा इलाका में भइल. घटना के जानकारी पवते कोरबा के के पुलिस अधीक्षक अभिषेक मीणा खुदे जाँच में लाग गइलें आ कातिलन के परिवार के गिरफ्तार करवा दिहलन.

काल्हु अमेरिका के जॉन हॉपकिन्स यूनिवर्सिटी का ओरि से जारी आंकड़ा में बतावल गइल बा कि दुनिया में कोरानाह हो चुकल लोग के गिनिती 14 करोड़ 29 लाख 64 हजार 759 हो गइल बा. अबहीं ले 30 लाख 44 हजार 475 लोग के जान जा चुकल बा कोरोना का चलते. सबले अधिका मरीज अमेरिका में बाड़ें आ ओहिजा अबहीं ले 5 लाख 68 हजार मरीज मर चुकल बाड़ें. अपना देश भारत में 1 करोड़ 56 लाख 16 हजार 130 लोग कोरोनाह हो चुकल बा आ एहमें से 1 लाख 82 हजार 553 लोग के मौत हो चुकल बा. आबादी का मामिला में दुनिया के दुसरका बड़हन देश होखला का बावजूद मरे वालन का सूची में भारत अबहीं चउथा जगहा पर बा.

बिहार में कोरोना के पसार से डेराइल प्रशासन एह साल होखे जा रहल पंचायत चुनाव अबहीं कुछ दिन टारे के फैसला कइले बा. चुनावी काम के प्रशिक्षणो रोक दीहल गइल बा.

काल्हु श्रीरामनवमी का पावन अवसर पर अयोध्या में अपना अस्थाई मंदिर में विराजमान श्रीरामलला के पुरनका वस्त्र आ चाँदी के मुकुट उतारि के नया वस्त्र आ सोना के मुकुट पहिरावल गइल. जान जाईं कि पहिले उनुका के साधारण मुकुट पहिरावल जात रहुवे जवन 6 दिसम्बर 1992 के चांदी के मुकुट से बचल दीहल रहुवे.

वाराणसी के चोलापुर इलाका के नकछेदपुर गाँव में एगो आदमी के पीट-पीट के मुआ दीहल गइल. एकरा बाद गाँव में तनाव पसर गइल बा आ पुलिस मामिला के जाँच में लागल बिया.

रोहतास जिला के डेहरी नगर इलाका में पिछला फरवरी महीना में भइल एगो दवा दुकानदार के हत्या करे वाला कातिलन के तीन गो आरोपियन के कर्नाटक के बेंगलुरु से गिरफ्तार कइल गइल बा.

जौनपुर के बरसठी इलाका के शेखनपुर गांव में बुध का दिने संदिग्ध हालात में एगो कोठरी में रहत बूढ़ दंपत्ति के आग लगला से मौत हो गइल. आग कइसे लागल एकर जाँच हो रहल बा.

गोपालगंज जिला के फुलवरिया इलाका के मुरारबतराहा गाँव का लगे एगो किराना व्यवसायी के गोली मारि के जान ले लीहल गइल.

सारण जिला के नगरा पुलिस चौकी इलाका में साइकिल से अपना ममहर जात लइका के एगो ट्रक वाला कचारत भाग गइल. लोग ओकरा के अस्पताल ले गइल बाकिर डॉक्टर कह दिहलें कि मौत हो चुकल बा.

आईपीएल क्रिकेट में काल्हु भइल पहिलका मैच में सनराइजर्स हैदराबाद टीम नौ विकेट से पंजाब किंग्स टीम के हरा दिहलसि आ दुसरका मैच में चेन्नई सुपर किंग्स 18 रन से कोलकाता नाइटराइडर्स के हरा दिहलसि. एह जीत का साथे चेन्नई सुपर किंग्स अंकतालिका के माथ पर आ गइल. 18 रनों से हराया

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up