टटका खबर, बियफे. 8 अप्रैल 2021

by | Apr 8, 2021 | 0 comments

आखिरकार चुनाव आयोग के ममता बनर्जी के नोटिस भेजहीं के पड़ल. काल्हु बुध का दिने आयोग नोटिस भेजि के पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री आ तृणमूल कांग्रेस के मलकिनी ममता बनर्जी से पूछलसि कि ऊ आपन सफाई मे का कहल चाहत बाड़ी से 48 घंटा का भितरे बतावसु. चुनाव आयोग के कहना बा के शुरुआती जाँच में लागल बा कि तीन अप्रैल के दीहल ममता के भाषण चुनाव अधिनियम, 1951 आ जनप्रतिनिधित्व कानून के बनावल सीमा लँघले बा. ओह भाषण में ममता बनर्जी मुसलमानन से एक जुट हो के तृणमूल के वोट देबे के अपील कइले रहली. बाद में अपना एगो भाषण में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहले रहलन कि अगर अइसने बात कहत अगर हिन्दूवन से एकजुट हो के भाजपा ला वोट करे के कहले रहतन त चुनाव आयोग उनुका के तुरते नोटीस भेज दिहले रहीत आ मीडियो बवाल उठा लिहले रहीत. बाकिर ममता के कहला पर सभे महटिया के बइठल बा.

केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री डॉक्टर हर्ष वर्धन काल्हु साफ साफ कह दिहलन कि कुछ राज्य सरकार अपना नाकामी से ध्यान हटावे आ कोविड महामारी के बारे में डर फइलाने के कोशिश रत बाड़ी सँ. ई सही बात नइखे. जान जाईं कि कुछ लोग जानत बूझत जनता के बरगलावे का कोशिश करत बा आ कहत बा कि टीका लगवावे के उमिर घटा के 18 बरीस कर दीहल जाव. ओह लोग के मालूम बा कि टीका बने बनावे मे समय आ साधन लागेला आ एकरा के बेहिसाब तरीका से बढ़ा के ना बनावल जा सके. अगर उमिर के बन्धन हटा दीहल जाव त अइसन भीड़ उमड़ी भा उमड़ा दीहल जाई जवना के सम्हारल ना जा सकी. एही चलते स्वास्थ्य मंत्री डॉक्टर हर्ष वर्धन काल्हु साफ कहलन कि जबले वैक्सीन के आपूर्ति सीमित बा जबले ओही लोग के टीका लगावल जाई जेकरा एकर जरुरत बा. ओह लोग के अबहीं इन्तजार करे के पड़ी जे कतार तूड़ के पहिले अपना के लगवावल चाहत बा.
स्वास्थ्य मंत्री इहो कहलन कि महाराष्ट्र सरकार के लचर आ सुस्त रवैया पूरा देश के प्रयासन पर पानी फेर दिहले बावे. छूताह लोग सभले अधिका आजु महाराष्ट्रे में बा आ छूत पसरे के रफ्तार सभले अधिका बा.

अर्जेंटिना दौरा पर गइल भारत के हॉकी टीम अपना पहिला अभ्यास मैच में मेजबान टीम आ ओलम्पिक चैंपियन अर्जेंटीना के 4-3 से हरा दिहलसि. पहिला चौथाई खेल में केनियो से गोल ना दागल जा सकल रहुवे. बाकिर दुसरका चौथाई में भारत दू गोल दाग के आगे हो गइल रहुवे. हाफ टाइम का बाद तिसरका चौथाई में भारत फेरु एगो गोल दागत 3 गोल से आगा हो गइल रहुवे. बाकिर ओकरा बाद अर्जेंटीना टीम दू गोल दाग दिहलसि आ खेल 3-2 पर आ गइल. आकरा बाद आखिर में भारत एगो गोल अउर दागे में सफल भइल आ खेल 4-2 के हो गइल. एकरा बाद अर्जेंटीना का तरफ से एगो गोल अउर क दीहल गइल जवना का बाद भारत आपन पूरा बेंवत लगा के अपना बढ़त के बचाव कइलसि आ खेल के फैसला 4-3 से हो गइल.

रिजर्व बैंक का तरफ से प्रमुख नीतिगत दरन में कवनो बदलाव ना करे के एलान का बाद बुध का दिने शेयर बाजार लिवालन का हाथे लागल. सेंसेक्स आ निफ्टी दुनु में निकहा उछाल देखे के मिलल. सेंसेक्स 460 अंक के बढ़त बनवलसि त निफ्टी 136 अंक के.

इलाहाबाद हाईकोर्ट उत्तर प्रदेश मे कोरोना संक्रमण प्रकोप को देखत पंचायत चुनाव टारे के गोहार लगावे वाली एगो जनहित याचिका के खारिज कर दिहलसि.

सारण जिला के एकमा इलाका में बीआरसी कार्यालय का नियरा एगो बगइचा में बइठल एगो ऑरकेस्ट्रा संचालक के गोली मारके हत्या कर दीहल गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के बगहा नगर के शास्त्रीनगर मुहल्ला के चार गो लइका गंडक नदी में नहात घरी डूबे लगलें. घाट पर मौजूद लोग दू गो के त बचा लिहलें बाकिर डू गो दह गइलें. ओहनी के अबहीं पावल नइखे गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up