टटका खबर, शनिचर, 3 अप्रैल 2021

by | Apr 3, 2021 | 0 comments

बदनाम बाहुबली विधायक मुख्तार अंसारी का सेवा में लागल पंजाब के कांग्रेसी सरकार के एगो चूक मुख्तार का खिलाफ एगो अउरी मुकदमा के माहौल बना दिहलसि. मुख्तार के रोपड़ जेल ले जाए वाला एंबुलेंस जाँच अधिकारिन का निगाह में आ गइल बा. बुलेट प्रूफ एह एंहुलेंस के तहकीकात नया नया मामिला सोझा ले आवे लागल बा. पहिले त ओह एंबुलेंस के निबंधने फर्जी तरीका से करावल गइल रहे आ एने कई एक साल से ना त ओकर फिटनेस जाँचल गइल बा, ना ओकर बीमा करावल गइल बा. एंहुलेंस मऊ के जवना डॉ अलका राय का अस्पताल का नाम से करावल गइल बा ऊ अलका राय काल्हु मुख्तार का खिलाफ धोखाधड़ी के मुकदमा दर्ज करवले बाड़ी. रोपड़ जेल आ जाला प्रशासन दुनु के कहना बा कि ऊ एंबुलेंस ओकर ना ह. त कइसे ओह एंबुलेंस के इस्तेमाल कइल गइल मुख्तार खातिर इहो जाँच के विषय बन गइल बा.
बाराबंकी में निबंधित करावल गइल ओह एंहुलेंस के पंजीकरण प्रपत्र पर डॉ अलका राय के वोटर आईडी पर दर्ज पता का हिसाब से बाराबंकी के पजा बा. बाकिर महिन्द्रा फाइनेंस कम्पनी से लीहल उधारी का कागज पर पता श्याम संजीवनी हास्पिटल, एनएच-29 भीटी, मऊनाथ भंजन, जनपद मऊ के दर्ज बा. ई अस्पताल णलका राय के हवे. एह जाँच में लागल पुलिस टीम पंजाब के रोपड़ जेल के सीसी टीवी फुटेज खंगाले ला जाई. ओह फुटेज से एम्बुलेंस चालक के चेहरा मिले के उमेद कइल जा रहल बा. इहो जाँचल जाई कि केकरा आदेश से मुख्तार अंसारी के ओह एंबुलेंस से ले जाइल गइल.

एगो अउर माफियाा अतीक अहमद के शूटर आबिद खातिर सरकारी गनर देबे के मामिलो तूल पकड़ले बा. कई मुकदमन के आरोपी आबिद के सरकारी गलर देबे के आलोचना चौतरफा हो रहल बा. आ हालही में जबरिया रियाटर करावल गइल पूर्व आईपीएस अफसर अमिताभ ठाकुर एह मामिला के उजागर करे में लाग गइल बाड़न. प्रशासन से गोहार लगवले बाड़न कि गनर वापस ले के पुलिस के जालालत से बचावल जाय. राजू पाल हत्याकांड में नामजद बा. जानो जोग इहो बा कि हालही में प्रशासन आबिद के जिला बदर कइले रहुवे.

यूपी पंचायत चुनाव के पहिलका चरण में यूपी के 18 जिलन में परचा दाखिल करे के काम आजु 3 अप्रैल से शुरु होखे जा रहल बा. छोट से छोटो चुनाव के पुरहर तरीका से लड़े वाली भाजपा का तरफ से एह दौर के भारजा उमीदवारन के सूची काल्हु जारी क दीहल गइल. प्रयागराज, संतकबीरनगर, गोरखपुर, जौनपुर, अउऱ भदोही समेत 18 गो जिलन में होखे वाला परचा दाखिला का बारे में राज्य निर्वाचन आयोग के कहना बा कि परचा दाखिला कार्यालय से 200 मीटर पहिलहीं समर्थकन के रोक दीहल जाई. परचा दाखिल करे वाला का साथे ओकर चुनाव अभिकर्ता, प्रस्तावक, आ एकही गो अउर आदी के आवे के अनुमति बा. हर आदमी के मास्क लगवले राखल जरुरी होखी. कोरोना के मरीजो आपन परचा अपना प्रचिनिधि का जरिए दाखिल करा सकीहें.

कोरोना के दुसरकी लहर सभकर जान सटकवले बावे. एकर रफ्तार अतना तेजी से बढ़त बा कि जल्दिए स्वास्थ्य व्यवस्था चरमरा जाए के खतरा हो गइल बा. मशहूर खिलाड़ी सचिन तेंदुलकर कोरोना का चलते अस्पताल में भरती बाड़न. त भू माफिया आ कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी के दामाद रॉबर्ट वाड्रा कोरोना छूताह हो गइल बाड़न. एह चलते सोनिया के बेटी आ रॉबर्ट के पत्नी प्रियंका अपना के आइसोलेट क लिहले बाड़ी आ चुनाव प्रचार से बाहर हो गइल बाड़ी. रोवे के रहनी तबले अँखिए खोदा गइल वाला अंदाज में देश के पाँच राज्यन में हो रहल चुनाव में होखे जा रहल कांग्रेस के फजीहत से अपना के बचावे के राह मिल गइल बा.

तमिलनाडु, केरल, अउर पुद्दुचेरी में एकही चरण में होखे बाला मतदान, असम के तिसरका आ आखिरी चरण के, आ पश्चिम बंगाल में तिसरका चरण के मतदान 6 अप्रैल के होख जा रहल बा. एह दौर ला हर गोल आपन पूरा ताकत झोंक दिहले बा. पश्चिम बंगाल में हो चुकल दू चरण के वोटिंग से हलकान ममता बनर्जी आपन शाण्डिल्य गोत्र के ब्राह्मण होखे वाला लिबास उतार के फेरु बेगम भा बानो के लिबास ध लिहले बाड़ी. मुसलमानन से एकजुट हो के तृणमूल के वोट करे के गोहार तगवले बाड़ी. अगर अइसने अपील योगी जी कइले रहतन कि सगरी हिन्दू एकजुट होके भाजपा के वोट देसु त सेकूलर जमात अबले आसमान कपारे उठा लिहले रहीत.

भारतीय पुरुष हॉकी टीम अपना 16 दिल का अर्जेंटीना दौरा पर ब्‍युनिस आयर्स पहुंच गइल बिया. मनप्रीत सिंह के अगुवाई वाली भारतीय टीम एह दौरान कुल छह गो मैच खेली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up