टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी

by | May 28, 2021 | 0 comments

छह बेर विश्व चैम्पियन रहल भारत के एमसी मैरीकोम दुबई में होखत 2021 एएसबीसी एशियाई महिला अउर पुरुष मुक्केबाजी चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. अब मैराकोम के एशियाई चैम्पियनशिप में सतवां बेर पदक मिलल तट हो गइल बा. मैराकोम 2008 में रजत पदक जीतला का अलावे 2003, 2005, 2010, 2012, अउर 2017 में स्वर्ण पदक जीतले रहली.
एही चैम्पयनशिप में खेलत भारत के मोनिका अपना सेमीफाइनल में हार गइली. उऩुका के कजाकिस्तान के अलुआ बाल्कीबेकोवा हरवली. एह प्रतियोगिता में अबकी साल भारतीय दल अबले के आपन सबले बेहतरीन प्रदर्शन देखवले बावे आ निहियो त 15 पदक मिलल तय बा भारत के.

पश्चिम बंगाल आ ओडिशा में आइल चक्रवाती तूफान यास से भइल तबाही का बारे में जानकारी लेबे खातिर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आतु एब राज्यन के हवाई दौरा कइला का बाद राज्य के मुख्यमंत्रियल का साथे समीक्षा बइठक करीहें. काल्हुओ एगो बइठक के प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी अधिकारियन से चक्रवाती तूफान से भइल नुकसान के आकलन कइलन. एह बइठक में बतावल गइल कि राष्ट्रीय आपदा मोचन बल के 106 टुकड़ी एह इलाकन में तैनात कइल गइल रहे. करीब हजार लोग के जान बचवला का साथही आपदे मोचन बल अढाई हजार से बेसी गिरल पेड़न आ बिजली के शंभन के हटावे के काम कइलसि. नुकसान के आकलन राज्य सरकार करत बाड़ी सँ. प्रभावित इलाकन में बिजली आ दूरसेवा संचार बहाल हो चुकल बा.

चक्रवाती तूफान यास अब झारखंड आ बिहार ओरि बढ़ गइल बा बाकिर कमजोर होखल जात बा. एह चलते आजुओ कई जगहा घनघोर बरखा आ झटास के अनेसा जतावल जा रहल बा.
काल्हु वायदा बाजार के निपटान का दिने दोल्हापाती खेलत देश के शेयर बाजार आखिर में मजबूती का साथे बंद भइलें, विदेशी बाजारन से मिलत संकेत से लागत बा कि तेजी के ई दौर अब आगे के दौड़ लगाए वाला बा.

उत्तर प्रदेश सरकार राज्य में अगिला छह महीना खातिर आवश्यक सेवा अनुरक्षण अधिनियम एस्मा लागू कर दिहले बिया. एकर मंजूरी राज्यपाल आनंदीबेन पटेल मे मिलला का बाद एकर एलान क दीहल गइल बा.

बिहार के औरंगाबाद जिला के मशहूर देव सूर्य मंदिर का सोझा भीख मांग के गुजारा करे वाला नाहियो त बीस पहरिवार के कोरोना काल में मनरेगा का जरिए मेहनत से कमाए के इज्जतदार मौता मिल गइल बा. अब ई परिवार मेहनत क के आपन जीवन चलावत बाड़े.

मिर्जापुर के अदलहाट इलाका में नारायणपुर का लगे सिकिया मोड़ पर कवनो ट्रक वाला एगो बाइक के धक्का मारत भाग गइल. एह हादसा में बाइक से जात अहरौरा इलाका के बिहाऊर गांव के दू गो नवहियन के मौत ठाँवे पर हो गइल.

बलिया के गड़वार इलाका से पांच गो चोरन के गिरफ्तार क के पुलिस कई चोरियन के खुलासा कइलसि आ एहनी का लगे से करीब साढ़े तीन लाख के गहना आ असलहा बरामद कइलसि.

मिर्जापुर जिले के पड़री इलाका अलग अलग मामिलन में दू गो नवही जहर खाके जान दे दिहले, एहमें से पडरी इलाका के सुरैया गांव के एगो नवही अपना मेहरारु से लड़ला का बाद जहर खा लिहलसि त दोसरका कुरेना गांव के रहुवे.

मिर्जापुर जिला में काल्हु भइल अलग अलग हादसा में दू जने के मौत हो गइल आ एक जने घवाहिल हो गइल बाड़े.

जौनपुर के मछलीशहर इलाका के फगुई गांव में आइल एगो बारात में भइल मारपीट से दूलहा के चाचा मर गइले आ चार गो बराती घवाहिल हो गइले. एकरा बाद बारात बिना बिआह करवले वापिस लवटि गइल. मारपीट लड़की के परिवार से विवाद राखे वाला लोग कइल.

जौनपुर मेडिकल कालेज सिद्दीकपुर अब जल्दिए खुले वाला बा. तबले एह मेडिकल कालेज में तैनात डाक्टर अब सप्ताह में तीन दिन जिला चिकित्सालय में ओपीडी करीहें.

जौनपुर के बक्शा इलाका के फतेहगंज बाजार का लगे बुध के अधरतिया भइल एगो सड़क हादसा में ट्रक आ डम्फर में टक्कर का बाद ट्रक में आग लाग गइल आ ट्रक के चालक आ खलासी झउँस के मर गइले.

कैमूर जिला के चैनपुर इलाका के धुमरदेव गांव में छापामारी का बाद एगो तस्कर के 204 किलो गांजा का साथे गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस

रोहतास के दिनारा इलाका के भगिरथा नरवर मोड़ का लगे कवनो वाहन एगो बाइक के धक्का मार भाग निकलल. एह हादसा में बाइक सवार आ उनुका बेटा के मौत हो गइल. साथही बइठल बाइक सवार के मेहरारु घवाहिल हो गइल बाड़ी. ई लोग बक्सर के राजपुर इलाका के अकबरपुर गांव के रहुवे.

भोजपुर जिला के चरपोखरी इलाका में बियफे भोर में भइल एगो हादसा में एगो पिकअप वैन सड़क किनारे खड़ा ट्रक से जा टकराइल. एह हादसा में पिकअप सवार जार जने के मौत हो गइल आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. सवारी नारायणपुर गांव के रहुवे जे एगो बारात से लवटत रहल.

बस्ती जिला रेलवे सुरक्षा बल एगो रेलकर्मी के सगौन के लकड़ी चोरावे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहलसि. रेल विभाद ओकरा के निलंबित क दिहलसि.

मौसम विभाग चेतवले बा कि चक्रवाती तूफान यास का असर से आजु आ काल्हु शनीचर का दिने आन्ही बरखा आ ठनका गिरे के अनेसा बा. श्रावस्ती, बलरामपुर, गोंडा, सिद्धार्थनगर, बस्ती, संतकबीरनगर, कुशीनगर, महाराजगंज, गोरखपुर, देवरिया, बलिया, अंबेडकरनगर, आजमगढ, मऊ,गाजीपुर, वाराणसी, चंदौली आ सोनभद्र में तेज आन्ही आ बरखा होखी, अयोध्या, सुलतानपुर, जौनपुर, प्रतापगढ़ आ मिर्जापुर में आन्ही बरखा का साथे ठनको गिर सकेला.

प्रयागराज के थरवई इलाका के टटिहरा गाँव का सोझा बस से उतर के सड़क पार करत माई बेटी के एगो कार वाला कचारत भाग गइल. घवाहिल महतारी के मौत हो गइल.

कुशीनगर जिला के खड्डा इलाका में बिहार से कनिया ले के आवत पडरौना के नाहर छपरा गांव के एगो कार गंडक नदी के पनियहवा पुल पर बेकाबू हो के रेलिंग से टकरात पलती मार दिहलसि. एह पर सवार कनिया चुलहा समेत परिवार के लोग समेत चालक घवाहिल हो गइल बाड़े.

सारण जिला के एकमा में एगो फाइनेंस कंपनी का कार्यालय पर डकैती डाले आइल बदमाश विरोध कइला पर शाखा प्रबंधक के गोली मार के घवाहिल क दिहले. लूट का बाद बदमाश अपना मोटरसाइकिलन से फरार हो गइले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up