टटका खबर, सोमार, 5 अप्रैल 2021

by | Apr 5, 2021 | 0 comments

हिंदू धर्म के ग्रंथन के जन-जन ले चहुँपावे में लागल गोरखपुर के गीता प्रेस के अध्यक्ष अउर बरीसन से ‘कल्याण’ पत्रिका के संपादक रहल राधेश्याम खेमका के निधन वाराणसी में अतवार का दिने हो गइल. 86 बरीस के खेमका जी कई दिन से बीमार रहनी. वाराणसी के केदारनाथ घाट पर अपना निवास पर उहाँ के निधन भइल. अंतिम संस्कार राजा हरिश्चंद्र घाट पर कइल गइल जहाँ उनकर पुत्र राजाराम खेमका मुखाग्नि दीहलन.

देश में कोविड महामारी के दुसरका स्पाइक से चिन्तित प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अतवार का दिने एह बारे में उच्च स्तरीय समीक्षा बइठक कइलन. सरकार के कहना बा कि अधिका लोग के जाँच, छूत से बचे के कोशिश में लापरवाही आ महामारी से थाकल-पाकल लोग का चलते रोगियन के सेख्या में बढ़ोतरी तेजी से हो रहल बा. आब छह तारीख से चौदह तारीख ले एगो समहर अभियान चलावल जाई जेहसे कि सभ लोग मुँहजाबी के इस्तेमाल करो आ साफ-सफाई पर पूरहर ध्यान दीहल जाय. जान जाईं कि देश के दस राज्यन में तेजी से बढ़त कोरोना से सबले खराब हालात महाराष्ट्र, पंजाब, अउर छत्तीसगढ़ में बा.

छत्तीसगढ़ में माओवादी हमला में वीरगति पावे वाला सुरक्षाकर्मियन के गिनिती 24 हो गइल बा. 28 जवान घवाहिलो भइल बाड़ें. एह नक्‍सल हमला से उपजल हालात पर केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह आपन चुनावी कार्यक्रम रद्द क के नई दिल्‍ली में वरिष्‍ठ अधिकारियन का साथे उच्‍च स्‍तरीय समीक्षा बइठक कइलन. कहलन कि सही समय पर एकर सही इलाज कइल जाई, लोग तय माने.

दुनिया के सबले बड़हन राजनीतिक गोल भारतीय जनता पार्टी के स्‍थापना दिवस 6 अप्रैल पर पार्टी कार्यकर्तन के वीडियो कांफ्रेंस का जरिये सबेरे दस बजे से प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ भाजपा अध्यक्ष जगत प्रकाश नड्डा संबोधित करीहें. जान जाईं कि देश के पाँच राज्यन के विधानसभा चुनाव के तिसरका दौरो एही दिने बा. पश्चिम बंगाल के आठ डेगी चुनाव के तिसरका डेग, असम के आखिरी आ तिसरका डेग, का साथही तमिलनाडु, केरल, अउर पुड्डुचेरी में एके डेग में होखे वाला चुनावन के वोट डालल जाई.

दिल्ली मेट्रो के छह डिब्बा वाली सगरी मेट्रो अब आठ डिब्बा वाला क दीहल जाई. एकरा बाद से रेड, ब्‍लू, अउर एलो लाइनन के सगरी ट्रेनन में अब आठ डिब्बा होखल करी. एह से भीड़ में इचकी कमी होखी.

बस्ती जिला मे अतवार का दिने भइल दू गो अलग-अलग सड़क हादसा में तीन जने के मौत होखे आ एक आदमी के घवाहिल होखे के खबर बा.

बलिया जिला के बैरिया इलाका के चाईछपरा दियरा के खेतन में लागल आग से कई जने के गेंहू के फसल खेते में राख हो गइल.

सारण जिला के मांझी इलाका के मुबारकपुर गांव में छापामारी क के शनिचर देर रात तीन गो अपराधियन के हथियारन का साथे गिरफ्तार क लीहल गइल.

बलिया जिला के रसड़ा कोतवाली इलाका के संवरुपुर गांव में एगो आदमी अपना दू गो बेटन का साथे मिल के बड़का बेटा के लाठियन से पीटत मुआ दिहलसि.

कुशीनगर के फाजिलनगर इलाका के जोगिया जनूबी पट्टी में 10 अप्रैल से होखे जा रहल लोकरंग महोत्सव के तइयारी चल रहल बा.

सारण जिला के मांझी इलाका में अतवार का दिने एगो वाहन के पलटला से ओकरा चालक के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें. बलिया के करण छपरा गांव से परवल लाद के छपरा आवत पिकअप जयप्रभा सेतु पर अचके बेकाबू हो गइल आ पुल के रेलिंग तूड़त नीचे गिर गइल.

मियामी ओपन टेनिस टूर्नामेंट के महिला सिंगल्स के खिताब ऑस्ट्रेलिया के एश्ले बार्टी जीत लिहली. फाइनल में ऊ कनाडा के बिनाका एंड्रेस्क्यू के हराके खिताब जीतली. पुरुष डबल्स के खिताब क्रोएशिया के निकोला मैक्टिक अउऱ मेट पेविक के जोड़ी फाइनल में ब्रिटेन के डैन इवांस अउर नील स्कुप्सकी के जोड़ी के हरावत जीत लिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up