टटका खबर, 29 मार्च 2021, सोमार

by | Mar 29, 2021 | 0 comments

रउरा सभे के फगुआ के शुभकामना.

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव में का होखे जा रहल बा ओकर आभास होखे लागल बा. अशोकनगर विधानसभा सीट से तृणमूल उम्मीदवार नारायण गोस्वामी ला रोड शो के साटा पर आइल तृणमूल सांसद नुसरत जहाँ रोड शो में एक घंटा से अधिका समय लागत देखि बीचे में निकल गइली. सोशल मीडिया पर ओकर सीन वायरल हो गइल बा. एह में नुसरत कहत बाड़ी कि हमरा के बुड़बक बुझले बाड़ऽ लोग का ? हद तब पार क गइली जब उनुका मुँह से निकलल कि अतना त ऊ ममतो ला ना करेली!

भारतीय जनता पार्टी के वरिष्ठ नेता आ केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह भरोसा जतवले बाड़न कि भाजपा पश्चिम बंगाल में विधानसभा चुनाव जीत ली आ असम में आपन सत्ता बरकरार राख ली. दावा कइलन कि बंगाल चुनाव के पहिलका दौर के 30 सीट पर भइल चुनाव में से 26 गो भाजपा जीत ली. आ 200 से अधिका सीट जीत के आपन सरकार बनाई.

यूपी के सोनभद्र जिला के चोपन इलाका के पटिहाँवा गाँव के एगो लइकी के मौत हादसा में हो गइल जब ओकर ओढ़नी क्षेत्र में धान कूटे वाली मशीन का पट्टा में अझूरा गइल.

कुशीनगर ताला में किसानन के मिले वाला आपदा राहत में से करीब सवा दू करोड़ के घपला करे का आरोप में तीन गो क्लर्कन के बरखास्त कर दीहल गइल.

अतवार से गोरखपुर आ लखनऊ का बीच हवाई जहाज के उड़ान शुरु हो गइल. एकर उद्घाटन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी कइनी.

बिहार के बक्सर जिला के चक्की पुलिस चौकी इलाका में शराब तस्करन के पकड़े गइल पुलिस वालन पर तस्कर हमला कर दिहले सँ जवना से चार गो पुलिसकर्मी घवाहिल हो गइलें. बाकिर पुलिस आठ गो तस्करन के गिरफ्तार करिए लिहलसि.

बक्‍सरे जिला के सिमरी इलाका के दुधीपट्टी गांव में अतवार का दिन में लागल आग से एगो औरत जिन्दे जर गइल. ओकरा के बचावे का कोशिश में झउँस गइल सात जने के डुमरांव अनुमंडलीय अस्पताल भेजल गइल बा. एहमें छह गो मेहरारु बाड़ी सँ जवना में तीन गो के हालत गभीराह बावे.

गोपालगंज जिला के बरौली इलाका में सोनबरसा मोड़ का निता एगो मोटरसाइकिल बिजली के खंभा से टकरा गइल. ओह पर सवार दुनु नवहियन के ठाँवे पर मौत हो गइल. कोटला गांव के ई नवही विदेश भेतवावे वाला एगो दलाल से भेंट करे बतरदह गाँव जात रहलें जब ई हादसा हो गइल.

जम्मू-कश्मीर के शोपियां जिला में अतवार का सबेरे से चलल सुरक्षा बलन के घेराबंदी आ तलाशी अभियान का दौरान आतंकवादियन से भइल मुठभेड़ में दी गो आतंकियन के मार गिरावल गइल. एह मुठभेड़ में सुरक्षा बल के एगो जवान के वीरगति हो गइल आ एगो अउऱ जवान घवाहिल हो गइल.

तिसरका आ आखिरी एकदिना क्रिकेट मैच में भारत इंग्लैंड के हरा के तीन मैचन के शृंखला दू एक से अपना नाँवे क लिहलसि. टॉस जील के गंदबाजी करे के फैसला कइलसि इंग्लैंड टीम. बीसीसीआई टीम 48 ओवर आ दू गेंद में 329 रन बना सकल. बाद में इंग्लैंड के टीम के 322 रन पर आउट करा के बीसीसीआई टीम मैच आ शृंखला दुनु जीते में कामयाब रहल.

पेरिस में हाखत ऑरलियन्स मास्‍टर्स बैडमिंटन टूर्नामेंट के पुरुष डबल्‍स फाइनल मुकाबला में भारत के कृष्‍णा अउर विष्‍णु वर्धन के जोड़ी इंग्‍लैंड के बेन लेन अउर सीन वेंडी के जोड़ी से हार गइल.

दिल्ली में चलत निशानेबाजी विश्वकप में भारत के महिला आ पुरुष दुनु टीम ट्रैप स्पर्धा में स्वर्ण पदक अपना नामे कइलसि. श्रेयसी सिंह, मनीषा कीर उर राजेश्वरी कुमारी के भारतीय तिकड़ी फाइनल में कजाख्स्तान के 3-0 से हरवलसि. पुरुषन के ट्रैप टीम स्पर्धा में कियान चेनाई, पृथ्वीराज टोंडिमन अउर लक्ष्य के टीम स्लोवाकिया के हरा के स्वर्ण पदक जीत लिहलसि. एह विश्वकप में 15 स्वर्ण, 9 रजत आ 6 कांस्य पदक जीत के भारत पदक तालिका के माथ पर बरकरार बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up