टटका खबर, 30 अगस्त 2020 के

by | Aug 31, 2020 | 0 comments

अतवार का दिने अपना मन का बाति कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी देश के उद्यमियन से खिलौना बाजार में दुनिया भर में भारत के पैठ बनावे के आवाहन कइलन आ देशवासियन से कहलन कि देशी खिलौनन ला आपन आवाज बुलन्द करसु.

भारत आ रूस दुनू के फिडे ऑनलाइन शतरंज ओलम्पियाड में अतवार का दिने संयुक्त विजेता घोषित कइल गइल. पहिले रूस के विजेता घोषित कइल गइल रहुवे बाकिर जब दू गो भारतीय खिलाड़ियन के शिकायत पर कि ऊ लोग आपन बाजी इंटरनेट कनेक्शन टूटूला का चलते हारल रहलें तब अंतर्राष्ट्रीय शतरंज महासंघ फिडे बयान जारी क के कहलन कि जांच कइला का बाद शिकायत सही मिलल आ एहसे दुनू टीम के सह विजेता घोषित कइल जा रहल बा. टूर्नामेंट में भारत के तरफ से विदित गुजराती, विश्वनाथन आनंद, कोनेरू हम्पी, डी हरिका, आर प्रागननन्दा, पी हरिकृष्णा आ दिव्या देशमुख खेलत रहलें.

जानकारन के कहना बा कि बिग बाजार खरीद के हजारन लोग के रोजी-रोटी बचा दिहलसि रिलायंस ग्रूप. ना त कोविड का माहौल में लागत रहुवे कि कंपनी बरबादी का कगार पर आ जाई आ हजारन लोग के रोजी-रोटी बिलाए के अनेसा बन गइल रहुवे. हालांकि फ्यूचर रिटेल के शेयरधारकन के एह सौदा से फायदा होखे के उमेद ना राखे के चाहीं. बाकिर रिलायंस के शेयरधारकन ला ई फायदा के सौदा साबित होखे जा रहल बा.

क्रिकेट एसोसिएशन ऑफ बिहार के सचिव आदित्य वर्मा भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के पाती भेजले बाड़न कि बिहार क्रिकेट एसोसिएशन में गुटबाजी अतना बढ़ि गइल बा कि अगर एकरा के बचावे के बा त उनुका के मौका दीहल जाव कि ऊ बीसीए के चलावसु. बिलाईयन का झगड़ा में बनरा आपन फायदा के मौका देख रहल बा.

देवरिया के बनकटा इलाका में कुख्यात बदमाश तारबाबू यादव का खिलाफ कार्रवाई में पुलिस ओकर एक करोड़ रूपये के नामी आ बेनामी सम्पत्ति कुर्क कर लिहलसि.

जौनपुर जिला के रामपुर इलाका के गढ़वा बसीरपुर गांव के कुछ लोग करीब दू किलोमीटर दूर ठाठर गोपालापुर गांव का लगे बसुही नदी के रामघाट पर नहाए गइल रहुवे. नहात में एगो लईका समेत तीन गो नवही डूब गइलें.

कुशीनगर जिला के रामकोला विजयपुर चौराहे पर सहज जन सेवा केंद्र में रेल टिकटन के नायायज बिक्री करे वाला आरोपी कारोबारी के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि ओकरा पर आरोप रहुवे कि ऊ बहुते बेसी रुपिया ले के रेल रिजर्वेशन टिकट बेचल रहुवे.

प्रयागराज के कीड़गंज इलाका के बैरहना में किराया का डेरा में रहे वाला आ थरवई इलाका के इस्माइलगंज के रहे वाला एगो फल बेचे वाला आदमी के गोली मार के जान ले लीहल गइल.

सारण जिला के सोनपुर इलाका से पुलिस चित्रसेनपुर गांव के एगो रिक्शा चालक के लाश बरामद कइलसि. लाश का माथा पर चोट के निशान मिलल बा.

पश्चिम चंपारण जिला के नौरंगिया इलाका से पुलिस अतवार का दिने नाजायज शराब का साथे चार गो कारोबारियन के गिरफ्तार क लिपलसि. दोसरा खबर में ई बा कि नक्सली संगठन के महिला कमांडर पूजा कुमारी के शिवहर जिला से गिरफ्तार क के जेल भेजल गइल बा.

बलिया जिला के बैरिया इलाका में सुरेमनपुर-बकुलहां रेलवे टीसनन का बीच जटहवा बाबा स्थान का नियरा तीन बजे भोर में छपरा का ओर से आवत मालगाड़ी ट्रेन का सोझा खड़ा रहि के एगो प्रेमी जोड़ा आपन जान दे दिहलसि. हार्न बजवला का बावजूद दुनू ना हटलें.

सारण जिला के नगरा पुलिस आउट पोस्ट इलाका का सैदपुर गांव के एगो आदमी के लाश ओकरा खेत में मिलल. ओकर जान गोली मार के लीहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up