टोक्यो पैरालिम्पिक 2020 खेलन में जन्माष्टमी के दिन भारत खातिर शानदार रहल

by | Aug 30, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी)

टोक्यो पैरालिम्पिक 2020 खेलन में जन्माष्टमी के दिन भारत खातिर शानदार रहल. दू गो स्वर्ण, चार गो रजत आ एगो कांस्य पदक मिला के कुल्ह सात गो पदक अबहीं ले भारत का हिस्से आइल बा. आ एह पदकन के जीते में कई गो रिकार्डो बनल आ टूटल बा.

19 बरीस के भारत के शूटर अवनी लेखरा पैरालिम्पिक में स्वर्ण पदक जीते वाली पहिलका भारतीय महिला होखे के गौरव हासिल कइली जब महिला वर्ग के आर टी 10 मीटर एयर राइफल निशानेबाजी में ऊ स्वर्ण पदक जीत लिहली. एह पदक के जीते में ऊ 249.6 अंक के विश्व रिकार्ड के बराबरी क लिहली आ पैरालिम्पिक खेल में एगो नया रिकार्ड बना दिहली.

भाला फेंक प्रतियोगिता में हरियाणा के सोनीपत के 23 बरीस के सुमित अंतिल 68.55 मीटर दूर ले भाला फेंक के स्वर्ण पदक हासिल क लिहलन. 64.35 मीटर दूर ले भाला फेंक के देवेन्द्र झझरिया रजत पदक आ 62.58 मीटर ले भाला फेंक के सुन्दर सिंह गुर्जर कांस्य पदक जीतलन.

डिस्कस फेंक प्रतियोगिता में योगेश कठुनिया 44.38 मीटर ले फेंक के रजत पदक हासिल कइलन. विनोद कुमार के डिस्कस फेंके में मिलल कांस्य पदक बाद में रद्द हो गइल जब देखल गइल कि ऊ एह प्रतियोगिता ला अयोग्य रहलन.

ऊँची कूद प्रतियोगिता में निषाद कुमार 2.06 मीटर ऊँचाई कूद के रजत पदक हासिल कइलन. ई एगो एशियन रिकार्डो बन गइल.

टेबल टेनिस में भारत के भाविनाबेन हसमुखभाई पटेल के रजत पदक से संतोष करे के पड़ल.

स्वर्ण पदक – अवनी लेखरा आ सुमित अंतिल
रजत पदक – देवेन्द्र झझरिया, निषाद कुमार, योगेश कठुनिया, भाविनाबेन हसमुखभाई पटेल
कांस्य पदक – सुन्दर सिंह गुर्जर

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up