पैरालिम्पिक खेलन में पदक अतना कि पप्पू के पादल बन्द हो गइल

by | Sep 5, 2021 | 0 comments

टोक्यो में होखत पैरालिम्पिक 2020 में आजु भारत का नामे दू गो अउर पदक आ गइल आ अबकी का खेल में अबहीं ले 19 गो पदक जीते के रिकार्ड बन गइल.

आए दिन तरह तरह के उलजलूल पादे वाला पप्पू अब पदक जीते वाला खिलाड़ियन के बधाई दिहले बन्द कर दिहलसि. हो सकेला कि ओकरा के समुझा दीहल होखे कि खेल जगत में मिले वाला एह शानदार सफलता के श्रेय मोदी सरकार के मिले वाला बा एह चलते एकर अनदेखी कइल करे.

आजु पहिला पदक जीतलन गौतमबुद्ध नगर के जिलाधिकारी सुहास एल यतिराज. ऊ भारत खातिर 18वां पदक जीतलन मेंस सिंगल्स बैडमिंटन प्रतियोगिता में रजत पदक. पहिला मुकाबला जीतला का बाद सुहास आगे के दू गो मुकाबला हार गइलन आ उनुका रजते से संतोष करे के पड़ल.

बाकिर एकर अफसोस कम करत भारत खातिर पाँचवाँ स्वर्ण पदक जीत लिहलन 22 बरीस के राजस्थानी खिलाड़ी कृष्णा नागर. भारत खातिर ई 19 वाँ पदक रहल एह पैरालिम्पिक में. बैडमिंटन खिलाड़ी कृष्णा नागर आजु बैडमिंटन पुरुष एकल मुकाबला जीत के ई स्वर्ण पदक हासिल कइलन.

टोक्यो पैरालिम्पिक खेलन में भारतीय खिलाड़ी दमदार प्रदर्शन करत अबहीं ले पांच गो स्वर्ण, आठ गो रजत आ छह गो कांस्य पदक जीतले बाड़न. पदक जीतेवाला खिलाड़ियन के अद्यतन सूची –
स्वर्ण पदक – अवनी लेखरा, मनीष नरवल, प्रमोद भगत, सुमीत अंतीला, आ कृष्णा नागर.
रजत पदक – भवानीबेन हसमुखभाई पटेल, सिंहराज अदाना, निषाद कुमार, प्रवीण कुमार, शरद कुमार, मरियम थंगावेलू, देवेन्द्र, आ सुहास यतिराज.
कांस्य पदक – अवनी लेखरा, मनोज सरकार, सिंहराज अदाना, सुन्दर सिंह गुर्जर, हरविंदर सिंह, आ योगेश कठुनिया.

अवनी लेखरा आ सिंहराज अदाना दू दू गो पदक जीतले बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up