बिहारो में बने जा रहल बा जनसंख्या नियन्त्रण कानून

by | Jul 3, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी)

पश्चिम बंगाल विधान सभा चुनाव का बाद होखत पहिलका सत्र के शुरुआत बवाल से भइल. चुनाव बाद हो रहल लगातार हिंसा का विरोध में भाजपा के विधायक जय श्रीराम के नारा लगावत बइठक से बाहर आ गइलें. बाकिर ओहमें भाजपा विधायक का तौर पर मुकुल राय शामिल ना रहलें. जबकि ऊ बइठल रहलें विरोधी पक्ष वाला सीटन पर. उनुका अपना विधायकी जाए के डर बा जवना खातीर भाजपा लगातार स्पीकर पर दबाव बनवले बिया.
विधानसभा के सत्र का शुरुआत में होखेवाला राज्यपाल के अभिभाषण पूरा ना पढ़लें राज्यपाल जगदीप धनकड़ काहें कि हल्ला होखत रहुवे. कुछ लाइन पढ़ि के ऊ बाहर निकल गइलें. एको लाइन पढ़ दीहला से पूरा अभिभाषण पढ़ लीहल मानल जाला आ वइसहूं राजभवन से संकेत मिल गइल रहुवे कि राज्यपाल पूरा अभिभाषण ना पढ़ीहें.

संसद के मानसून सत्र 19 जुलाई से शुरू होखी आ सरकारी कामकाज निपटा के 13 अगस्त के पूरा हो जाई. महँगाई ले के विरोधी दल जम के बवाल कटिहें इहो तय माने के चाहीं. काहें कि विपक्ष कबो ना चाहे कि सरकार के कामकाज सहज भाव से पूरा हो सके.

उत्तराखंड में मुख्यमंत्री तीरथ सिंह रावत के इस्तीफा का बाद राजनीतिक सरगर्मी तेज हो गइल बा. बिना विधायक रहले मुख्यमंत्री कवनो उपचुनाव के गुंजाइश ना देखत संवैधानिक संकट से बचावे खातीर ई कदम उठवलें. चार महीना पहिलहीं उनुका के मुख्यमंत्री बनावल गइल रहुवे. अब सुने में आवत बा कि भाजपा कवनो विधायके के मुख्यमंत्री बनाई. उत्तराखंड विधानसभा चुनाव अगिला साल जनवरी में होखे वाला बा.

उत्तर प्रदेश के 53 जिलन में आजु शनीचर का दिने जिला पंचायत अध्यक्ष पद के मतदान होखे वाला बा. आजुवे एकर परिणामो घोषित हो जाई. जान जाईं कि पहिलहीं 21 गो भाजपाई आ एगो सपाई निर्विरोध अध्यक्ष चुना गइल बाड़ें.
असम, यूपी जइसने कानून बना के अब बिहारो सरकार जनसंख्या नियंत्रण खातीर बड़हन डेग उठावे जा रहल बिया. अब बिहारो में दू गो से अधिका बच्चा-बच्ची वाला लोग पंचायत के चुनाव ना लड़ पाई. हालांकि अबहीं ई नियम मौजूदा आम पंचायत चुनाव 2021 में लागू ना हो पाई. बाकिर अगर कवनो कारण चुनाव आगे खातीर टार दीहल जात बा तब ई लागू हो जाई. सरकार के कहना बा कि जनसंख्या नियंत्रण खातीर जनता के जागरुक करे ला एहसे बेहतर तरीका नइखे. एह तरह के नयका कानून लागू होखे में साल भर के समय दीहल जाला.

दक्षिण कश्मीर के पुलवामा जिला में काल्हु शुक का दिने भइल मुठभेड़ में लश्कर-ए-तैयबा के एगो जिला कमांडर समेत पांच गो आतंकियन के जहन्नुम रवाना कर दिहलें. हालांकि एह मुठभेड़ में सुरक्षा बल के एगो जवान शहीद हो गइल. मरे वाला आतंकियन में एगो पाकिस्तानी नागरिको शामिल बा.

भारतीय महिला तैराक माना पटेल यूनिवर्सिटी कोटा से टोक्यो ओलंपिक में शामिल होखे ला आपन जगहा सुरक्षित क लिहले बाड़ी. भारतीय तैराकी महासंघ एह खबर के पुष्टि कइले बा.

दुनिया भर के बाजारन से मिलत मिलल-जुलल संकेतन का बादो देश के शेयर बाजार में काल्हु शुक का दिने तेजी देखे के मिलल. पिछला चार दिन से हो रहल गिरावट के बाद आइल एह तेजी के करेक्शनो मानल जा सकेला. कुछ दिन का तेजी का बाद गिरावट भा कुछ दिन के गिरावट का बाद तेजी बाजार के संयत राखे में काम आवेला. एक तरफा बाजार केहू ला ठीक ना होखे. काल्हु सेंसेक्स 52485 अंक पर आ निफ्टी 15722 अंक पर बंद भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up