बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

by | Jun 21, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी)

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब से इण्टरमीडिएट परीक्षाफल निकाले में हाईस्कूल के परीक्षाफल से 50 फीसदी, कक्षा 11 के वार्षिक/अद्धवार्षिक परीक्षा के 40 फीसदी अउर कक्षा 12 के प्री-बोर्ड परीक्षा के 10 प्रतिशत अंक जोड़ल जाई. एकरा के बढ़िया से समुझे खातीर विद्यार्थी अपना गणित के शिक्षक से संपर्क करसु.

बिहार सरकार आजु 21 जून से विश्व योग दिवस के मौका पर कोरोना टीकाकरण के महाअभियान शुरु करे जा रहल बिया. सरकार इहो तय कइले बिया कि जे लोग टीका ना लगवाई से पंचायत चुनाव ना लड़ पाई. बिहार के टीकाकरण महोअभियान में छह महीना का भीतर छह करोड़ लोग के टीकाकरण के लक्ष्य बनावल गइल बा.

किसान आन्दोलन का नाम पर आढ़तियन आ दलालन के आंदोलन से छुटकारा पावे खातिर हरियाणा में सोनीपत के कुंडली बार्डर पर डेरा जमवले आंदोलनकारियन के बिरादरी पंचायतन का तरफ से अल्टीमेटम दीहल गइल बा कि एक तरफ के रास्ता खोल देव लोग.

लोक जनशक्ति पार्टी कै कार्यकारिणी अजवार का दिने भइल अपना बइठक में अध्यक्ष चिराग पासवान में आपन भरोसा जतवलसि आ पशुपति कुमार पारस के गोल से निकाले के फैसला कइलसि. पशुपति का साथही पाँचो सांसदन के गोल से निकाले के एलान कइल गइल. लोजपा गोल अपना संस्थापक राम विलास पासवान के जनमदिन पांच जुलाई से बिहार में आशीर्वाद यात्रा निकाली आ पूरा राज्य में जनसंपर्क अभियान चलाई. बइठक में भारत सरकार से मांग कइल गइल कि राम विलास पासवान के भारत रत्न से सम्मानित कइल जाव.

न्यूज़ीलैंड के तेज गेंदबाज काइल जेमिसन काल्हु अइसन धारदार गेंदबाजी कइलन कि महज 31 रन जोड़त बीसीसीआई टीम के पांच गो विकेट चटकि गइल. आईसीसी विश्व टेस्ट चैंपियनशिप फ़ाइनल के तिसरका दिन अतवार के लंच का बाद बीसीसीआई टीम अपना पहिला पारी में 217 रन पर समेटा गइल.

गोपालगंज के उचकागांव इलाका के सलेमपट्टी गाँव के एगो पोखरा में घोंघा चुने गइल एगो लइकी आ एगो लइका के डूबला से मौत हो गइल.

प्रयागराज में काल्हु गंगा दशहरा नहान का मौका पर बहुते हिन्दू श्रद्धालु संगम तट पर आस्था के डुबकी लगवलें. ओने मिर्जापुर से खबर बा कि नहान के मौका पर कर्णावती नदी में नहाए गइल अकोढ़ी गाँव के दू गो बहिन डूब गइली सँ.

छपरा शहर के पोस्चल कालोनी में बिजली के करंट लगला सा एगो लइका के मौत हो गइल. ऊ अपना घर के इंन्वर्टर का लगे से सामान हटावत रहुवे जब ओकरा करंट लाग गइल.

जौनपुर के बक्शा इलाका के हसरौली के एगो दलित लइका के बहका के ओकरा के एगो मुसलमान नवही भगा ले गइल बा. लइकी के गायब भइला का बाद ओकरा के खोजत परिवार गाँवे के एगो मुसलमान लइको के भागे के खबर सुन के ओकरा बाप से पूछे गइल त ओकर बाप ओह लोग के जान से मार देबे के धमकी देत भगा दिहलसि. अब पुलिस से लव जिहाद के केस दर्ज करावल गइल बा.

सोनभद्र के रायपुर इलाका के आमकोन गाँव के एगो औरत अपना दू गो बचवन समेत इऩार में कूज गइल. दूनू बजवन के मौत हो गइल बाकिर ओकरा के निकाल लीहल गइल बा.

जौनपुर के मड़ियाहूं इलाका के सदरगंज मोहल्ला में शनीचर रात एगो दुकान पर टीनशेड लगावे का दौरान बिजली के तार से छुआ गइला का चलते करंट लगला से 13 जने घवाहिल हो गइलें. एक जने के बहुते खराब हालत में इलाज करावल जा रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up