कैपटाउन 24 फरवरी (वार्ता के इनपुट से). बीसीसीआई टीम के ओपनर शिखर धवन (47) आ सुरेश रैना (43) के सधल बल्लेबाजी का बाद गेंदबाजनो के कसल प्रदर्शन से दक्षिण अफ्रीका के तिसरका आ आखिरी बीसबीसा में शनिचर का दिने रोमांचक संघर्ष में सात रन से हराके तीन मैचन के सीरीज 2-1 से जीत लिहलसि.
एकरा साथही भारत का नाम पर खेले वाली बीसीसीआई के टीम दक्षिण अफ्रीका का जमीन पर एकदिना आ बीसबीसा दुनु सीरीज पहिला बेर एक साथे जीत के इतिहास बना दिहलसि.
बीसबीसा सीरीज से पहिले खेलल गइल एकदिना सीरीज के ई टीम 5-1 से जीतले रहुवे.
0 Comments