भाजपा के भगतन के निराशा हाथे लागल

by | Aug 6, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, शुक, सावन अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी)

एक जमाना से देश में हर समुदाय खातिर एकही कानून बनवावे के बात करे वाली भाजपा अब अपना वादा से मुकर गइल बिया, लोकसभा में कानून मंत्री किरण रिजिजू साफ कह दिहलन कि केंद्र सरकार अबहीं देश में समान नागरिक संहिता लागू करे नइखे जात. कब ले करी एकरो बारे में कवनो तारीख तय ना कइल जा सके. कोरोनो से खतरनाक सिकूलरिया के कहर से पीड़ित हो चुकल मोदी सरकार के कहना बा कि समान नागरिक संहिता बहुते संवेदनशील आ विवादित विषय बा आ एकरा पर गंभीरता से सोचला के जरुरत बा. याद करीं कि मोदी सरकार अपना कई गो कानूनन के लागू करवावहूं का दिसाईं डेग नइखे बढ़ावत. किसानी से जुड़ल तीनो कानूनो के अटका के राख दिहले बिया. अगर कानून सही बा त लागू कर नइखे सही त रद्द कर के साधारण बात समुझ में नइखे आवत. मोदी सरकार के जाने के चाहीं कि जनता कमजोर सरकार के समर्थन ना करे. सभकर साथ लेबे का फेर में भाजपा अपना भगतनो के निराश कइले जात बिया. जइसे कि बंगाल में देखल जा रहल बा. ओहिजा भाजपा समर्थकन का साथे बेहद अत्याचार हो रहल बा बाकिर भाजपा कुछ करे के मूड में नइखे.

पाकिस्तान में हिंदू मंदिरन पर मुसलमानन के हमला होते रहेला. पिछला दिने पाकिस्तानी पंजाब के रहीम यार खान जिला के एगो भव्य गणेश मंदिर में घुसके मुसलमानन के भीड़ सगरी मूर्तियन के तूड़ दिहलसि आ मंदिर में आग लगा दिहलसि. पुलिस चुपचाप तमाशा देखत रहुवे. एने लखनऊओ के नया हनुमान मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी दीहल गइल बा. गनीमत इहे बा कि अलीगंज पुलिस धमकी देबे वाला मोहम्मद शफीक को पुरनिया पुल का लगे से गिरफ्तार कर लिहले बिया.

यूपी के हर गांव में जन सेवा केंद्र पर डिजिटल पेमेंट के जरिए फीस जमा करा के लोग आपन आय, जाति, निवास प्रमाणपत्र वगैरह बनवा सकी. एकरा ला हर आवेदन पर 30 रुपिया के फीस देबे के पड़ी.

टेस्ट क्रिकेट में भारत के मौजूदा कप्तान विराट कोहली अब नंबर वन हो गइल बाड़न. अबहीं ले ई जगहा महेंद्र सिंह धौनी के नाम रहुवे. ऊ आठ बेर जीरो पर आउट भइल रहलें त विराट कोहली नौ बेर जीरो पर आउट हो के देखा दिहलन आ अपना ला एगो नया रिकार्ड हासिल कर लिहलन. नवाब पटौदी एह सूटी में अब तीसरा नंबर पर आ कपिल देव चउथा नंबर पर बाड़ें.

बिहार पंचायत चुनाव के अधिसूचना 20 अगस्त के जारी होखी आ दस डेग में करावल जाई पचायत चुनाव. पहिला वोटिंग 20 सितंबर, दुसरका 24 सितंबर, तिसरका 04 अक्टूबर, चउथका 08 अक्टूबर, पंचवा 18 अक्टूबर, छठवां 22 अक्टूबर, सतवां 31 अक्टूबर, अठवां 07 नवंबर, नउवां 15 नवंबर आ आखिरी दसवां डेग के वोटिंग 25 नवंबर के करावल जाई.

सारण जिले के सोनपुर इलाका में काल्हु बियफे का दिने एगो सड़क हादसा में बनियापुर इलाका के एगो नवही के मौत हो गइल जब ओकर मोटरसाइकिल गोला बाजार का नियरा छपरा- हाजीपुर राष्ट्रीय राजमार्ग पर एगो ट्रक का चपेटा में आ गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up