राज्यसभा में सदन के नेता बनावल गइलन पीयूष गोयल

by | Jul 15, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, बियफे, आषाढ़ अँजोरिया षष्ठी, 2078 विक्रमी)

राज्यसभा में सदन के उपनेता के जिम्मेदारी सम्हार रहल केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल के प्रोमोशन क के उनुका के राज्यसभा में नेता सदन नियुक्त क दीहल गइल बा. थावर चंद गहलोत के कर्नाटक के राज्यपाल बन गइला का बाद से ई पद हो गइल रहुवे. राज्यसभा में भाजपा के बहुमत अबहियों नइखे बन सकल आ एह हालात में बहुते सलीका से आपन काम करे के पड़ेला सदन के नेता के. एह नियुक्ति से भाजपा में पीयूष गोयल के रुतबा बढ़ल बा. साल 1984 से भाजपा का साथे रहल गोयल साल 2010 से राज्यसभा के सदस्य बाड़ें. उनुका लगे वाणिज्य एवं उद्योग, खाद्य एवं उपभोक्ता मामला अउर कपड़ा समेत अनेक मंत्रालयन के प्रभार बावे.

ओबीसी आरक्षण का बारे में राज्यन के लगे पहिले मौजूद रहल अधिकार वापिस करे का तइयारी में लागल बिया केन्द्र सरकार. राज्यन के ऊ अघिकार फेरू मिल जाई जवना से ऊ तय कर सकीहें कि कवन जाति पिछड़ा वर्ग में शामिल होखे वाला बा. एह विधेयक के संसद के एही सत्र में ले आवे के तइयारी हो गइल बा. पहिलहूं ई सरकार सुप्रीम कोर्ट के एसएसटी एक्ट पर दीहल फैसला संसद का जरिए बदल चुकल बिया.

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संसदीय क्षेत्र वाराणसी में जापान का सहयोग से बनल रुद्राक्ष कन्वेंशन सेंटर के लोकार्पण करे स्वयं प्रधानमंत्री मोदी काशी आवे वाला बाड़न आजु. एकरा साथही करीब 745 करोड़ के अउरियो परियोजना के लोकार्पण करिर्हें पीएम. आ पेट्रोकेमिकल्स इंजीनियरिंग एंड प्रौद्योगिकी संस्थान समेत 206 नया परियोजना के शुरुआतो करइहें. आजु काशी में उनुकर एगो जनसभो होखे वाला बा आ एक तरह से ओकरा साथही भाजपा के विधानसभा चुनाव के प्रचारो शुरु हो जाई.

अपना सुभाव आ आदत का अनुरुपे एक बेर फेरु राहुल गांधी संसद के डिफेंस कमिटी के बइठक से वॉकआउट क गइलन. कहल जात बा कि ऊ छिरियाइल रहलन कि पहिले चीन का साथे विवाद का बारे में बतियावल जाव. चीन के दलाली करे वाला समझौता से बन्हाइल राहुल जानत चाहत बाड़ें कि सरकार चीन से निपटे के का का आ कइसन तइयारी क के रखले बिया. एह जानकारी के उजागर हो गइला से चीन के ओकर सामरिक रणनीति बनावे में सुभीता हो जाई.

19 जुलाई से शुरु होखे जा रहल संसद के मानसून सत्र में बवाल करे वाला कवनो बड़हन मुद्दा बाँव ना जाए देबे का इरादा से आपन रणनीति बनावे ला कांग्रेस के संसद रणनीति समूह के बइठक काल्हु वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग क के कइल गइल. तय भइल बा कि 23 राज्यन में पार्टी के बड़का नेता 15 जुलाई ले रोज प्रेस कांफ्रेंस क के मोदी सरकार का खिलाफ माहौल बनावे के काम करीहें.

केन्द्र सरकार कोरोना महामारी का चलते केन्द्रीय कर्मचारियन के महंगाई भत्ता पर लगावल रोक हटा लिहले बिया. अब पहिला जुलाई से मँहगाई भत्ता मिलल शुरु हो जाई. साथही सरकार महँगाई भत्ता के मौजूदा दर 11 फीसदी से बढ़ा के 28 फीसदी क दिहले बिया, बाकिर कर्मचारियन के सपना एह चलते टूटे वाला बा कि बकाया महँगाई भत्ता ओह लोग के नइखे मिले वाला. सरकार के एह फैसला का खिलाफ विपक्षी गोलन के आ कर्मचारी संगठनन के आन्दोलन होखहीं के बा जवना से निपटल कई राज्यन में होखे वाला चुनाव का चलते सरकार खातिर मुश्किल रही.

दुनिया भर से मिलल संकेत अपनो देश के निवेशकन के उछाह में ले आइल आ सेंसेक्स आ निफ्यी दुनु बढ़त का साथे बन्द भइली स. आजु निफ्टी में वायदा बाजार के साप्ताहिक निपटान के दिन ह आ दुनिया के बाजारन से कवनो एकतरफा संकेत नइखे मिलल. एहसे ऊँट कवना करवट बइठी केहू ना बता सके. हँ पुटकॉल अनुपात बढ़त रहे के संकेत जरुर देत बा.

सेना में अउरी 147 गो महिला अधिकारियन के स्थायी कमीशन मिल गइला का बाद से सेना में स्थायी कमीशन पावे वाली महिला अधिकारियन के गिनिती बढिके 424 हो गइल बा.

भारतीय ओलंपिक संघ के कोषाध्यक्ष आ यूपी ओलंपिक एसोसियेशन के महासचिव आनंदेश्वर पांडेय के कहना बा कि प्रधानमंत्री आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री खिलाड़ियन के हौसला बढ़ावत बाड़ें एह पर खुशी बा बाकिर सबले अधिका जरुरत बा कि खिलाड़ियन के नौकरी मिले. अबहीं खिलाड़ियन ला आरक्षीत हजारों पद खाली पड़ल बा आ प्रदेश सरकार के चाहीं जल्दी से जल्दी एह पदन पर खिलाड़ियन के बहाली कइल जाव.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up