सगरी बड़कन के मैदान में उतारी भाजपा

by | Jul 24, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, शनीचर, आषाढ़ पूर्णिमा, 2078 विक्रमी)

गुरु पूर्णिमा का पावन पर्व पर रउरा सभे के हार्दिक अभिनन्दन.

एगो बड़हन आ स्वागतजोग फैसला कइले बिया भाजपा कि अगिला साल होखे जा रहल उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव में अपना सगरी बड़का नेता के मैदान में उतारी. मुख्यमंत्री, उपमुख्यमंत्री, प्रदेश अध्यक्ष, महामंत्री सभे के चुनाव लड़े के पड़ी. जनतंत्र में होखहूं के अइसने चाही कि जनता के समर्थन से जीत के आइले लोग सरकार चलावे. मैदान में हारल कवनो नेता भा नेतइन चुनाव में हरला का बादो सरकार में मत आवे.

एगो बड़हन उल्का पिंड धरती का ओर तेजी से बढ़ल आवत बा बाकिर वैज्ञानिकन के कहना बा कि घबड़इला के जरुरत नइखे. ऊ उल्कापिंड अबकियो बेर धरती का बगल से गुजर जाई जइसे ऊ हर बेर गुजरत आइल बा. इहे उल्कापिंड फेरु तेरह बरीस का बाद धरती का बगल से गुजरी. ई उल्का पिंड परसो घरती का सबले नजदीक होखी बाकिर ई नजदीक वाली दूरी करीब 45 लाख किलोमीटर के बा.

पंजाब सरकार में कैप्टेन के औकात देखा चुकल कांग्रेस के अब ओकर पुरनका अध्यक्ष आपन ओरहन ले के सामने आइल बाड़न. पिछला अध्यक्ष सुनील जाखड़ कहलन कि ऊ अमरिंदर आ सिद्धू का बीच को मतभेद सलटावे में हमेशा आगे रहलन बाकिर पार्टी उनुके के सलटा दिहलसि. कैप्टेन के बड़ाई करत कहलन कि ऊ बहुते चतुराई से किसान आन्दोलन के दिल्ली का बोर्डर पर भिजवा दिहलन. अगर दोसर कवनो मुख्यमंत्री रहीत त किसान आन्दोलन के मार पंजाबे सरकार के झेले पड़ल रहीत. बाकिर आलाकमान उनुको ना सुनलसि,

राज्यसभा में बेहूदा हरकत करे वाला तृणमूलिया सांसद शान्तनु सेन के मौजूदा सत्र खतम होखे तक सदन से निकाल दीहल गइल बा.

कोरोना का महामारी का बीच टोक्यो ओलंपिक शुक का दिने शुरु हो गइल. बाकिर कवनो स्टेडियम में दर्शकन के मौजूदगी देखे के ना मिली आ एह चलते खिलाड़ियन के प्रदर्शन फीका होखे के अनेसा जतावल जा रहल बा. उद्घाटन समारोह में भारत के तिरंगा उठावे के मान छह बेर के विश्व चैंपियन मेरी कोम आ पुरुष हॉकी के कप्तान मनप्रीत सिंह के मिलल.

पश्चिमी महाराष्ट्र आ कोंकण इलाका में होखत भीषण बरखा का चलते तबाही के दौर जारी बा. अलग अलग हादसा में कुल मिला के नाहियो त तीन दर्जन लोग के मौत भइला के खबर बा.

सीरीज जीतला का बावजूद बीसीसीआई क्रिकेट टीम अपना तिसरका एकदिना में श्रीलंका टीम से हार गइल. पहिले बल्लेबाजी करे उतरल बीसीसीआई टीम 43.1 ओवर में 225 रन बना पवलसि जवना के श्रीलंका टीम महज 39 ओवर में सात विकेट गंवाके हासिल कर लिहलसि.

काल्हु शुक का दिने देश के शेयर बाजार लिवालन का हाथे रहल बाकिर छनकल निवेशक अबहियों खुल के खेले के तइयार नइखन लउकत. दिन भर तेजी में बनल रहल बाजार उपरी बेरा आपन तेजी ना सम्हार सकल. तबो ले दे के बाजार पिछला हप्ता के सबले ऊँचाई पर बन्द भइले. रिलायंस के नतीजा बाजार बंद भइला का बाद आइल आ ओकर असर सोमार का दिने देखे के मिल सकेला. जानकारन के कहना बा कि अब उमेद कइल जा सकेला कि बाजार नया ऊँचाई का ओर डेग बढ़ावे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up