टटका खबर, 28 जनवरी 2018, अतवार

by | Jan 28, 2018 | 0 comments


इलाहाबाद में बोलावल राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ के संगठन विद्या भारती के शिविर के संबोधित करत यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी कहनी कि यूपी के सगरी साठो हजार ग्रामपंचायतन में औरतन के बढ़न्ती करावे वाली योजनन के लागू करावल जाई. कहनी कि लड़िका आ लड़िकी में भेदभाव परिवारे से शुरु होला आ एही से समाज में बुराई घर करेले. एकरा के खतम करे ला लड़िकियन आ ओरतन के बढ़न्ती पर जोर दीहल जरुरी बावे.

यूपी के सगरी सरकारी स्कूलन में बातली के कनेक्शन देबे पर काम शुरु हो गइल बा. सरकार वइसन सगरी स्कूलन के सूची मँगवले बिया जहाँ अबहीं बिजली के कनेक्शन नइखे.

यूपी के कासगंज में 26 जनवरी का दिने निकालल विद्यार्थी परिषद के तिरंगा यात्रा पर पाकिस्तान जिन्दाबाद बोलत हमला भइला का बाद चन्दन गुप्ता के गोली लगला से मौत हो गइल. एकरा बाद बिगड़ल हालात पर प्रशासन अब काबू पा लिहले बावे. गोली चलावे वाला बदमाश राशिद का घर से कई गो देशी बम बरामद भइल बा बाकिर ऊ कहीं भाग के जा लुकाइल बा. ओकर तलाश कइल जा रहल बा. एह बीच कई दर्जन बवालियन के गिरफ्तारो कइल गइल बा.

जदयू के प्रदेश कार्यकारिणी के बइठक आजु पटना में नीतीश कुमार का अध्यक्षता में भइल जवना का बाद प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह कहलें कि राज्य में अबहीं चुनाव करावे के कवनो विचार नइखे. लोग पाँच बरीस ला नीतीश कुमार के मुख्यमंत्री बनवले राखे ला भोट दिहले रहलें आ एहमें कवनो बदलाव नइखे आइल.

भोजपुरी गायक भरत शर्मा के फर्जीवाड़ा करे का आरोप में शनीचर का दिने धनबाद के एगो अदालत से दू बरीस जेल आ दस हजार रुपिया जुर्माना के सजा सुनावल गइल. भरत शर्मा पर टीडीएस के गलत भुगतान लेबे के मामिला में ई सजा सुनावल गइल बा. बाद में भरत शर्मा के जमानत पर रिहो कर दीहल गइल. अब ऊ आगे उपर के अदालत में अपील करीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up