अपने से आ जइबऽ त ठीक, ना त ….

by | Apr 7, 2020 | 0 comments

तबलीगी जमातियन का चलते पूरा देश त्राहिमाम कइले बा. अकेले यूपी में डेढ़ हजार से बेसी जमाती चिन्हाइल बाड़ें जवनन में से साढ़े बारह हजार से बेसी जमातियन के कोरोना छूताह होखे का अनेसा का चलते क्वेरेन्टाइन कइल गइल बा. आजु मंगल के दुपहरिया ले यूपी में कोरोना छुआइल 314 गो मरीज मिल चुकल बाड़ें आ एहमें से 159 गो जमाती हउवें. जस जस जाँच होखल जात बा तस तस ई गिनिती बढ़ल जात बा.
अपर मुख्य सचिव गृह अवनीश अवस्थी कहले बाड़न कि अगर मरकज में शामिल कवनो जमाती अबहियों छूटल बा त अपने से सामने आ जाव आ अपना के जाँच ला हाजिर करावे. ना त अगर बाद में जाँच में केहू धराइल त ओकरा खिलाफ कड़ा एक्शन लीहल जाई.
प्रमुख सचिव, स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण अमित मोहन प्रसाद बतवले बाड़न कि राज्य के 37 जनपदन में कोरना पसर चुकल बा. अबले 6073 जांच नमूना लैब में भेजल गइळ बा जवना में से 5595 लोग के रिपोर्ट निगेटिव आइल बा.
यूपी सरकार तय कइले बिया कि कोरोना के लक्षण ना होखला का बावजूद अगर केहू डेराइल बा त ओकरा के अस्पतालन का नियरा कवनो मकान में राखि के इलाज करावल जाई. अस्पताल में ओही मरीजन के राखल जाई जोकरा के कोरोना छूत ध लिहले बावे. अगर जिला में मरीजन के गिनिती कम रही त सगरी मरीजन के एके अस्पताल में इलाज ला भरती करावल जाई आ बाकी अस्पतालन के इस्तेमाल दोसरा मरीजन ला कइल जाई.
लेवल 1 वाला अस्पताल कवनो सीएचसी के बनावल जाई. लेवल-2 में 6 गो डेडिकेटेड हास्पिटल आ पैंतालिसो मेडिकल कॉलेजन मिलाके 51 गो अस्पताल आ लेवल-3 में गम्भीर मरीजन ला 6 गो अस्पतालन के राखल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up