कोरोना का चलते यूपी में सौ इलाकन के घेराबन्दी

by | Apr 8, 2020 | 0 comments

लात के भूत बाति से ना माने वाला कहाउत के साँच करत जमातियन के जिद से आजिज योगी सरकार राज्य के करीब 104 इलाकन पर भिलवाड़ा मॉडल के सख्ती आजु राति से लागू कर दिहलसि. अब एह इलाकन में ना त केहू बाहर से भीतर जा सकी ना केहू कवनो बहाना से भीतर से बाहर निकत पाई. एह इलाकन में कवनो दुकान, ठेला लगावे के इजाजत ना होखी. ना त बैंक खुलीहें सँ ना एटीएम काम करी. दूध, फल, सब्जी, दवाइओ ले आवे ला केहू के बाहर निकले के इजाजत ना दीहल जाई. जरुरत के सामान लोग पुलिस के फोन क के मँगवा सकी आ सरकार के आदमी एह सामानन के ओकरा घरे चहुँपा दिहें.
घेराबन्दी वाला ई 104 इलाका प्रदेश के 15 जिला में बाड़ी सँ.
एह पन्द्रह जिलन में लखनऊ, वाराणसा, बस्ती, महाराजगंज, का अलावे नोएडा, आगरा, गाजियाबाद, कानपुर, मेरठ, बरेली, बुलंदशहर, फिरोजाबाद, आ सीतापुर शामिल बाड़ी सँ.
एह इलाकन में मीडियो के आवाजाही ना हो पाई. लॉकडाउन का दौरान जारी सगरी पास निरस्त क दिहल गइल बा.
जान जाईं कि लॉकडाउन के सगरी इन्तजामन के बरबाद करत तबलीगी जमात के मरकज में शामिल लोग जानबूझि के इलाज ला सामने नइखन आवत. खुद तो डुबेंगे सनम तुमको भी डुबाएँगे वाला लाइन धइले ई जमाती पहिले त सामने आ के जाँच नइखन करावत. जिनकर जाँच हो गइल बा ऊ कोरेन्टाइन में अपना डॉक्टर नर्सन के जिनिगी उच्छीनर क दिहले बाड़ें. दोसरा के देह पर थूकल, अस्पताल वार्ड में लंगटे घूमल, बरामदा में टट्टी पैखाना करे आ बोतल में भर के पेशाब फेंके के घनाह हरकत करत बाड़ें. मरकज का चलते कोरोना चौगुना रफ्तार से पसरे लागल बावे.
यूपी सरकार स्वास्थ्य विभाग जइसन बीमा पुलिसो वालन के करावे के एलान कइले बिया. अब पुलिसो के 50 लाख के बीमा करावल जाई.
साथही आदेश हो गइल बा कि लॉकडाउन में बाहर निकले वाला लोग मुँहजाबी जरुर लगा के चलो ना त ओह लोग के दण्डित कइल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up