छोट मन वालन के बड़का गोल

by | Mar 26, 2022 | 0 comments

कहल जाला कि दुनिया के सबले बड़हन राजनीतिक गोल हवे भाजपा. बाकिर काल्हु आदित्यनाथ योगी के मुख्यमंत्री का पद पर किरिया धराई का मौका पर जवन देखे के मिलल तवना से इहे कहल जा सकेला कि एह बड़हन गोल के चलावे वालन के मन बहुते छोटहन सोच वाला बा.

पुराणन में बतावल गइल बा कि जबे कवनो मनई धरती पर यज्ञ वगैरह करे तब-तब इन्द्र के सिंहासन डोले लागत रहुवे आ ऊ कवनो ना कवनो जुगत भिड़ावे में लाग जात रहलें.

मौजूदा समय में कुछ कुछ वइसने हाल छप्पन इंची सीना के दावा करे वाला नरेन्द्र मोदी के बा. जब उनुका लागे लागल कि आदित्यनाथ योगी के छवि आ लोकप्रियता बढ़े लागल बा त अपना सिपहसालारन का जरिए योगी के पर काटे का तइयारी में लाग गइलें. अगर योगी का पाछे उनुका समर्थकन के बड़हन चोली ना रहीत त उनुका के निपटावे से कतरा गइलन मोदी. अगर भाजपा संगठन का ओर से भितरघात ना भइल रहीत त हाल का चुनाव मे भाजपा अउरी बड़हन बहुमत से जीतीत.

हाल ही का बरिसन में बसपा छोड़ के भाजपा का रथ पर सवार भइल ब्रजेश पाठक आ केशव प्रसाद मौर्या हमेशा योगी का खिलाफ काम करत रहलें. बाकिर एह लोगन के माथ पर छोटहन मन वाला बड़हन लोगन के हाथ रहुवे एहसे एह लोगन का खिलाफ कवनो कार्रवाई ना क के एह लोग के इनाम दीहल गइल बा. एकरा अलावे दू-चार गो अउरी मंत्री बनावल गइल बाड़ें जवन योगी का राह में काँट-कंकर बिछावे में कवनो कमी ना रखीहें. जाल बुनाई त टिकट बाँटहू में लउकल रहल बाकिर आम जनता का नजर में जाल ना आइल. अब बड़हन जीत का बाद दुबारा सरकार बनावे वाला पहिलका मुख्यमंत्री के पन्द्रह दिन ले अझूरा के राखल गइल आ जवन मंत्रीमंडल बनावल गइल बा तवना में योगी के इचिको नइखे चलल ई बात

एहसे योगी के घेराबंदी क दीहल गइल बा. हमरा त एह छोट मन वालन के निजी अनुभव रहल बा आ ओही चलते हम सक्रियता छोड़ दिहनी. जब मोदी अइलन तबो भाजपा में छोटमन वाला लोग कम कोशिश ना कइले रहल कि भाजपा के साफ बहुमत ना मिल पावे जेहसे मोदी के ठिकाने लगावल जा सके. बाकिर मोदी का साथे खड़ा आम आदमी एह गोल का फरका रहतो मोदी का साथे बनल रहल आ दू बेर निकहा बहुमत से भाजपा के सरकार बन गइल.

मोदी के याद राखे के चाहीं कि आम आदमी गोल का गोलबंदी से बाहर रहि के सोचेला आ वोट देला. जइसे उनुका साथे जनमत रहुवे वइसहीं योगी का साथहूं जनमत खड़ा बा.

अगर अगिला लोकसभा चुनाव 2024 से पहिले एह छोटहन मन वालन के इरादा साफे लउकत त मोदिओ आपन झोरा ले के चलि देबे के तइयारी कर लेसु.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up