योगी सरकार में मुस्लिम चेहरा बलिया के दानिश आजाद अंसारी

by | Mar 27, 2022 | 0 comments

भाजपा के मुसीबत होला कि ओकरा मुसलमानन के वोट अंगुरिए पर गिने लायक मिलेला, इहां ले कि योगी के गोरखोपुर में उनुका इलाका के कई मुस्लिम बहुल बूथन पर दस दसो गो वोट नइखे मिलल. जबकि सरकार के दीहल सुविधा जम के बाँचल गइल बा मुसलमानन के. खैरात में सुविधा लीहल लीहल हराम ना होखे बाकिर भाजपा के वोट दीहल हराम मानल जाला. एही सब का चलते अकसरहां भाजपा कवनो मुसलमान के टिकट ना देव बाकिर सरकार बनावत घरी सब्जी में पड़े वाला तेजपत्ता का तरह मुसलमान चेहरा जरुरी हो जाला. तेजपत्ता सब्जी के स्वाद बढ़ा देला एकरा बावजूद खात घरी ओकरा के एक तरफ हटा दीहल जाला.

आदित्यनाथ योगी के पिछला मंत्रिमंडल में मुसलमान चेहरा का नाम पर क्रिकेट खिलाड़ी रहल मोहसिन खान के मौका दीहल गइल आ अबकी बेर बलिया के बाँसडीह विधानसभा में पड़े वाला गाँव अपाएल में 30 मई 1988 के जनमल दानिश आजाद अंसारी के ई मौका दीहल गइल बा.

अइसन नइखे कि दानिश अचके में आसमान से टपकल बाडे़ं भाजपा में. पिछला करीब बारह बरीस से ऊ संघ के विद्यार्थी संगठन विद्यार्थि परिषद से जुड़लें आ तबेसे ऊ संघ परिवार के संगठन से जुड़ल बाड़न.

बलिया के होलीक्रास स्कूल से बारहवीं पास कइला का बाद दानिश लखनऊ आ गइलें. बरीस 2006 में लखनऊ विश्वविद्यालय से बीकॉम कइला का बाद मास्टर ऑफ क्वालिटी मैनेजमेंट अउर मास्टर ऑफ पब्लिक एडमिनिस्ट्रेशन के पढ़ाई कइले बाड़न दानिश. पिछला सरकार में दानिश अंसारी के राज्यमंत्री के दरजा मिलल रहुवे उर्दू भाषा परिषद के जिम्मा दे के. बाद में एह चुनाव से पहिले दानिश के भाजपा अल्पसंख्यक मोर्चा के महामंत्री बनावल गइल रहुवे.

भारतीय जनता पार्टी सरकार में शामिल होखला का बारे में दानिश अंसारी के कहना बा कि उनुका के मंत्री बनावल एगो समर्पित कार्यकर्ता में गोल के माथ नेतृत्व के भरोसा देखावत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up