राहुल गाँधी मना कर दिहलें भाजपा ज्वायन करे से

by | Jun 9, 2021 | 0 comments

जितिन प्रसाद भाजपा में का शामिल भइलें कि सोशल मीडिया पर तरह तरह के हवा बहे लागल. एगो ट्वीट में कहल गइल कि राहुल गाँधी साफ मना कर दिहलें भाजपा ज्वायन करे से. कहलन कि ऊ भाजपा के बाहरे से समर्थन दे के खुश बाड़ें आ भाजपा में शामिल होखे के कवनो जरुरत नइखन समुझत.

BREAKING-
Rahul Gandhi not joining BJP.
Says he’s happy supporting the party from outside.— Rishi Bagree 🇮🇳 (@rishibagree) June 9, 2021

एकरा बाद एगो ट्वीट में कांग्रेस के एगो युवा नेता मिलिन्द देवड़ा गुजरात के मुख्यमंत्री विजय रुपानी के बड़ाई कर दिहलें त ओहू पर तरह तरह के बात आवे लागल बा.

A welcome move for other states to emulate.

Don’t call it a “sensitive gesture” though. All states must intervene urgently if we’re to prevent further job losses in India’s hospitality sector. https://t.co/7fUkBBlOI5— Milind Deora | मिलिंद देवरा ☮️ (@milinddeora) June 9, 2021

कांग्रेसियन के कहना बा कि जितिन प्रसाद कवनो बड़का नेता ना हउवन. कहल गइल कि जितिन लगातार दू बेर लोकसभा के चुनाव हार चुकल बाड़न. बड़का नेता त राहुल गाँधी जइसन होखेला जेकरा नेतृत्व में पैंतीस गो चुनाव हरला का बादो गोल उनुका के आपन नेता मानेला. हद त तब हो गइल जब मध्यप्रदेश कांग्रेस का तरफ से कइल एगो ट्वीट में कहल गइल कि जितिन प्रसाद कांग्रेस के कूड़ा रहलन जवना के भाजपा अपना माथा पर रख लिहलसि. बाद में जब बात के गलत असर लउकल तब एह ट्वीट के हटा लीहल गइल.

ये ट्वीट सिर्फ @JitinPrasada के लिये नही है, बल्की ये ट्वीट हर कांग्रेसी को आईना दिखा रहा है कि औक़ात में रहो, क्यूँ कि तुम सब की क़ीमत Dynasty के लिये कूड़े से ज़्यादा क़तई नही है!! pic.twitter.com/oDIxbLQi3g— Dr Jitendra Nagar (@NagarJitendra) June 9, 2021

लोकसभा में कांग्रेस के नेता अधीर रंजन कहलन कि जेकरा जाए के बा ऊ त जइबे करी. हो सकेला कि ऊ हरियरी का चाह में भाजपा में शामिल भइल होखिहें. बाकिर अधीर जितिन प्रसाद के कवनो बुराई ना क के कहलन कि उऩका साथे बंगाल चुनाव में मिलके काम कइले रहलि आ जितिन बढ़िया इंसान हउवन. इहो कहलन कि जितिन उनुका गोल कांग्रेस के एगो मजगर ब्राह्मण नेता रहलन.

अब काग्रेसी जतना छाली कुटसि सचाई इहे बा कि जितिन प्रसाद के भाजपा में शामिल भइला से भाजपा के एगो बड़हन जरुरत पूरा हो गइल बा. भाजपा उत्तर प्रदेश में अपना ला एगो मजगर ब्राह्मण नेता खोजते रहुवे आ जितिन प्रसाद के आ गइला से यूपी के ब्राह्मणन के भाजपा से जोड़े में सहूलियत होखी. तीन पीढ़ी से कांग्रेस से जुड़ल रहल जितिन प्रसाद बुध का दिने पहिले गृह मंत्री अमित शाह से भेंट कइलन. ओकरा बाद ऊ पार्टी कार्यालय में रेल मंत्री पीयूष गोयल का हाथे सदस्यता लिहलन. सदसय बनला का बाद ऊ भाजपा अध्यक्ष जगत प्रकाश नड्डो से मुलाकात कइलन.

भाजपा में शामिल भइला का बाद अपना पहिला संबोधन में जितिन कहलन कि बहुते सोच विचार का बाद ऊ भाजपा में शामिल होखे के फैसला कइलन काहे कि उनुका लागल कि कांग्रेस में रहते जनहित के रक्षा ना कर सकसु. बाकिर आपन बड़प्पन देखावत जितिन कांग्रेस का बारे में भा ओकरा कवनो नेता का बारे में कवनो कड़ुआ बात कहे से परहेज कइलन. जितिन कहलन कि उनका विचार में भाजपे अकेला राजनीतिक गोल बिया जवन व्यक्ति आधारित भा क्षेत्रीय दल ना होके अखिल भारतीय गोल हउवे. आजु का तारीख में दोसर कवनो गोल अपना के अखिल भारतीय ना कह सके.

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जितिन प्रसाद के बीजेपी में शामिल होखला के स्वागत करत कहलन कि उनुका अइला से भाजपा यूपी में अउर मजबूत होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up