हम हिन्दू हईं आ हमरो हक बा आपन त्योहार मनावे के – योगी

by | Feb 24, 2018 | 0 comments

मथुरा 24 फरवरी (वार्ता). हम हिन्दू हईं आ हरेक के हक बा अपना आस्था का हिसाब से त्योहार मनावे के.

बरसाना के मनमोहक आ अपना तरह के अनूठा ‘लट्ठमार होली’ में शामिल में होखे आइल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ काल्हु देर साँझ मथुरा अइनी आ आजु सबेरे कृष्ण जन्मभूमि में माथा टेकनी. करीब आधा घंटा ले पूजा अर्चना कइला का बाद कृष्णजन्मभूमि के व्यवस्था के जायजा लिहनी.

जन्मभूमि से निकलला का बाद मीडिया से बात करत घरी एगो पत्रकार पूछलसि कि अयोध्या में दीपावाली, मथुरा में होली मनवला का बाद अब ईद कहवाँ मनाएब ? एही बेतुका सवाल का जवाब में योगी जी कहनी कि – हम हिन्दू हईं आ हरेक के हक बा अपना आस्था का हिसाब से त्योहार मनावे के. पिछला 11 महीना में ना त केहू के ईद मनावे से रोकल गइल बा ना क्रिसमस मनावे से. सभका आजादी बा आपन आस्था जतावे के. आ देश में सभका ला धार्मिक आजादी बा त हमरा लागता कि ऊ आजादी हमरो बा. हमरा गौगव बा अपना परंपरा पर.

एगो दोसरा सवाल का जवाब में कहनी कि अयोध्या में दीपावली, मथुरा में होली त काशी में देव दीपावली आ चित्रकूट में राम मेला मनावे के कारण आस्था त बड़ले बा बाकिर हम चाहतानी कि एहिजा पर्यटनो के बढ़ावा मिले. पर्यटक अइहें त राजस्वो बढ़ी आ आस्थो के बढ़ावा मिली.

मुख्यमंत्री कहनी कि कृष्णजन्मभूमि के पर्यटन स्थल का रूप में बढ़ावल जाई आ एकर सुरक्षा व्यवस्था अउरी बेहतर कइल जाई, जवानन ला बनल बैरक में अउरी सुविधा दीहल जाई.

वृंदावन के बांके बिहारी मंदिरो जा के योगी जी पूजा अर्चना कइनी आ ओकरा बाद राधारानी के गांव बरसाना खातिर रवाना हो गइनी. ओहिजा योगी जी पारम्परिक ढंग से मनावल जाए वाली लट्ठमार होली में शामिल भइनी.

बरसाना में लट्ठमार होली महोत्सव में योगी जी राधा आ कृष्ण के आरती उतरनी. ओकरा बाद बरसाना में बनावल गइल गोबर गैस प्लांट के उद्घाटनो कइनी. बरसाना के होली में छह हजार लीटर रंग के इस्तेमाल कइल जाए के बा.

जिलाधिकारी सर्वज्ञ राम मिश्र बतवलन कि आसपास के गांवन से छोट-छोट गोल बना के होरियारे बरसाना में होली खेले आवेलें. एह साल मुख्यमंत्री के भागीदारी होखला का चलते सगरी होरियारन के पास बनावल गइल आ सुरक्षा के व्यापक प्रबंध कइल गइल बा.

वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक स्वप्निल ममगाई बतवलन कि पूरा इलाका के 20 जोन आ 40 सेक्टर में बांटल गइल बा आ हर जोन के प्रभारी पुलिस अधीक्षक बनावल गइल बाड़ें. हर सेक्टर के प्रभारी पुलिस उपाधीक्षक स्तर के अधिकारी बाड़ें. सुरक्षा में करीब दू हजार सिपाहियन के लगावल गइल बा. एकरा अलावे पीएसी, फ्लड पीएसी, एटीएस, एलआईयू आ स्वाटो टीम तैनात बाड़ी सँ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up