राज्यसभा में भाजपा के बहुमत शायदे हो पाई

by | Feb 25, 2018 | 0 comments


– हरिराम पाण्डेय
राज्यसभा के 245 सीटन में से भाजपा के लगे 58 आ कांग्रेस का लगे 54 सांसद बाड़ें. अप्रैल में 55 सीटन पर होखे जा रहल चुनाव का बाद एह समीकरण में कुछ बदलाव आई बाकिर भाजपा के शायदे बहुमल मिल पाई. अकेले के बाते छोड़ीं, राजगो के मिला के ई नइखे होखे वाला.
साल 2014 के लोकसभा चुनाव के री बहुमत का साथे सत्ता में आइल भाजपा का बारे में राजनीतिक पंडितन के भविष्यवाणी रहल कि 5 बरीस बीतते राज्योसभा भाजपा के बहुमत हो जाई. बाकिर अइसन हो ना सकल. इहो कहात रहे कि आपन एजेंडा लागू करे खातिर सरकार संसद के संयुक्त सत्रो बोला सकेले बाकिर उहो ना भइल.
अब अपना संख्या बल का बूते कांग्रेस एर सरकार के अनेके विधेयकन के लटका के राखे में सफल हो गइल. अप्रैल का चुनाव का बादो एनडीए के गणित 35 फीसदे ले चहुँप जाई बाकिर ई आकंड़ा बहुमत से बहुते दूर रही. एहसे सरकार के आपन विधेयक पारित करावे में बहुते मेहनत भा मान मनउव्वत करे के पड़ी. ओने विपक्ष तय कर के रखले बा कि एह सरकार के रगड़ देबे के बा. विपक्षी कोशिश बा कि मोदी के एगो कमजोर इंसान का रूप में देखावल जाय.
मोदी जी के बॉडी लैंग्वेज आ बातचीत से झलकत उनका मनोविज्ञान से अइसन लागत बा कि मोदी जी महसूस करत बाड़ें कि “केहू समुझे के कोशिश नइखे करत कि ऊ अजना कुछ करज बाड़न, अतना कुछ कइल चाहत बाड़न.
दरअसल बहुमत प्राप्त नेतन का साथे ई अइसन सिंड्रोम बन गइल बा जवन हर काल में हर नेता का साथे भइल बा. एह निराशा कै दूर करे ला ऊ नेता अपना चमचन से राय लेबे लागेला. नेहरूओ अइसने कइलें, नतीजा भइल 1962 के चीन युद्ध. इमरजेंसी का दौरान इंदिरो जी नइहे कइली आ हालात अइसन बिगड़ल कि कांग्रेस बुरी तरह से हारल.
राज्यसभा के विपरीत समीकरण आ माथे आइल चुनाव देखत मोदी जी के बहुते सोच समुझ के ऊपरी सदन में कवनो विधेयक राखे के चाहीं.

लेखक के ब्लॉग खोजखबर का आधार पर

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up