सुशासन आ विकास के अनेके महत्वपूर्ण कसौटी पर कसला का बाद द संडे इंडीयन अबैकस मार्केट रिसर्च के कहना बा कि एनडीए शासित राज्य कांग्रेस शासित राज्यन से बढ़िया प्रदर्शन कइले बाड़ी स. देश के सगरी प्रमुख राज्यन के सूरते हाल जाने ला भइल एह जनमत सर्वेक्षण के रपट “स्टेट ऑफ द स्टे्टस” में ई नतीजा सामने आइल बा. जवना कसौटी पर राज्य सरकारन के काम कसल गइल ओहमें कुशल प्रशासन के मानक जइसे कि प्रशासनिक सुधार, सांप्रदायिक सौहार्द, ई गवर्नेंस, बालिका शिक्षा, औद्योगिकीकरण, कानून.व्यवस्था, सार्वजनिक वितरण प्रणाली, सार्वजनिक स्वास्थ्य सेवा, निवेश वगैरह शामिल रहे.
एह घरी एह तेरह राज्यन में से आठ गो में गैर कांग्रेसी सरकार बाड़ी स जवना में छह गो में एनडीए नेतृत्व वाली आ दू गो राज्यन, उड़ीसा आ तमिलनाडु, में क्रमशः बीजू जनता दल आ एआईडीएमके के सरकार बावे. एह सर्वेक्षण के नतीजा आ ओह से जुड़ल रपट विस्तार से द संडे इंडियन के नयका अंक में प्रकाशित कइल गइल बा. द संडे इंडियन दुनिया के अकेली पत्रिका हिय जवन एक साथ चौदह गो भाषा में छपेले आ ओह में से एगो भोजपुरियो हवे. भोजपुरी समाचार पत्रिका में एकर कवनो सानी नइखे आ एक तरह से भोजपुरी के एगो संस्करण निकाल के एकर प्रकाशक भोजपुरी के सम्मानित कइले बाड़े.
बतावल गइल बा कि संसद के बजट सत्र का बाद दिल्ली में एगो भव्य “स्टार स्टेट अवार्ड्स समारोह” के आयोजन कइल जाई.
द संडे इंडियन.अबैकस मार्केट रिसर्च के जनमत सर्वेक्षण में समहर विकास खातिर गुजरात के पहिला जगहा, निवेश मित्र राज्यन में हिमाचल प्रदेश के पहिला आ सबले प्रभावी जन वितरण प्रणाली खातिर छत्तीसगढ़ के माथ पर राखल गइल बा. दोसरा राज्यन में बिहार के कानून व्यवस्था में सुधार खातिर, मध्य प्रदेश के बालिका शिक्षा, कर्नाटक.के उच्च शिक्षा, उड़ीसा.के प्रशासनिक सुधार, तमिलनाडु के औद्योगिकीकरण, दिल्ली. के पर्यावरण जागरूकता, केरल.के सार्वजनिक स्वास्थ्य सेवा, राजस्थान.के पर्यटन, आंध्र प्रदेश के ई. गवर्नेंस अउर असम.के सांप्रदायिक सौहार्द खातिर माथ पर राखल गइल बा.
एह सर्वे खातिर अबैकस मार्केट रिसर्च टीम अलग अलग राज्यन से कुल 1200 लोग से सवाल कइलसि आ ओहसे मिलल जबाबन का आधार पर ई सूछी बनावल गइल बा.
(स्रोत अनुराधा प्रीतम)