MP-ManojTiwari
बाॅलीवुड के बड़का स्टार कलाकारन में शामिल आमिर खान के हाल के बयान पर भोजपुरी गायक स्टार आ भाजपा सांसद मनोज तिवारी के बयान आइल बा. लिखले बाड़न कि :
हम मौर्या होटल दिल्ली में होखत रामनाथ गोयनका अवार्ड में मौजूद रहनी जवना में आमिर खान आपन विवादित बयान देत कहलन कि ‘पिछला छह आठ महीना से भारत में असहनशीलता अतना बढ़ गइल बा कि हमनी का मरदे मेहरारू देश छोड़े तक के सोचे लागल रहनी. एह देश में हमनी के बच्चा असुरक्षित बाड़े सँ आ हम भारत से देराए लागल बानी.”

ई सुनते हमरा ठकुआ मार दिहलसि. पूरा हाॅलो में सन्नाटा पसर गइल रहुवे. जबकि एह से कुछ देर पहिलहीं आमिर खान के बात पर थपड़ी पिटाइल रहुवे जब ऊ कहलन कि हाथ में क़ुरान लेके हत्या करे वाला मुसलमान ना हो के महज आतंकवादी हवे. आतंकवाद के कवनो मजहब ना होखे.

भारत में बरदाश्त करे के बेंवत कतना बा एकर अन्दाजा त आमिर खान के एही से लाग जाए के चाहीं कि ओह दिन हाॅल में बइठल तमाम लोग उनकर अइसन बात बरदाश्त क के रह गइलें आ उनुका के केहू कुछ ना कहल. बरदाश्ती के दोसर नमूना रहे कि ओहिजा मौजूद वित्त मंत्री समेत सगरी मंत्रीओ एह बात पर मुसुका के रहि गइलन.

मनोज तिवारी आगे कहले बाड़न कि ऊ आमिर खान के बयान से बहुते स्तब्ध आ दुखी बाड़न. आमिर खान से अइसनाक बयान के ऊ कबो सोचलेे तक ना रहलें. आमिर खान भारत आ भारतीयन के बेइज्जति कइले बाड़न आ आमिर खान के चाहीं कि एह बात ला देश आ देशवासियन से माफी माँगसु. इहे देश उनुका के आपन नेह छोह देके बड़का स्टार बना दीहल. आमिर खान के बयान से देश के माहौल बिगड़ सकेला एहसे उनुका जल्दी से जल्दी अपना बात ला माफी मांँग लेबे के चाहीं.

मनोज तिवारी इहो कहले बाड़न कि जेकरा जवना देश में शान्ति आ सुरक्षा मिले ओहिजा के नागरिकता ले लेव बाकिर जवना भारत के मान खातिर हजारों हिन्दुस्तानी, चाहे ऊ कवनो धरम मजहब के होखसु, हँसत हँसत जान दे दिहलें. एह भारत माई के अपमान करे के इजाजत केहू के ना दीहल जा सके.

Loading

By Editor

2 thoughts on “आमिर खान के बयान पर दुख जतवलन मनोज तिवारी”

Comments are closed.

%d bloggers like this: