शाहाबादी के पुण्यतिथि आ दस्तक के लोकार्पण

by | May 20, 2024 | 0 comments


“सजल प्यार कचनार फुलाइल,
परबत-परबत के घेरा में
लता लाज से लाल भइल
कुछ निरखत संझा के बेरा में
हर मन आंगन रस विलास के
अंजुरिन फूल झरे।”

भोजपुरी-हिन्दी कविता-गीत-नवगीत के यशस्वी रचनाकार स्वर्गीय डॉ परमेश्वर दूबे शाहाबादी जी के 43वीं पुण्यतिथि 20 मई का दिने एगो स्मृति गोष्ठी के आयोजन बिरसानगर में साहित्यकार गंगा प्रसाद अरुण का आवास पर लकीर प्रकाशन के बैनर तरे आयोजित भइल. एह स्मृति गोष्ठी में उपस्थित शहर के कवि,गीतकार अउर साहित्यकार लोग शाहाबादी जी के तस्वीर पर फूल माला चढ़ा के आपन श्रद्धांजलि अर्पित कइल. साहित्य का क्षेत्र में शाहाबादी जी के अवदान के चरचा भइल आ साहित्यकार आ विद्वतजन द्वारा उनुका से जुड़ल आपन संस्मरण सुनवलें.

साहित्यकार गंगा प्रसाद अरुण, डा अमर कुमार सिंह, मनोकामना सिंह अजय, हरिहर राय चौहान आ डा संजय पाठक अपना संबोधन में शाहाबादी जी का साथे बितावल अपना यादगार क्षण साझा कइलें. उनुका व्यक्तित्व अउर कृतित्व पर विस्तार से चरचा भइल. कहल गइल कि साहित्यकार कबो मरे ना, अपना रचनन में ऊ हमेशा जियतार रहेला.

एह मौका पर आरा के साहित्यकार रामयश अविकल के पत्रिका दस्तक के लोकार्पणो कइल गइल.

स्मृति गोष्ठी में जयशंकर दूबे, जीतेश तिवारी, राजेश भोजपुरिया, कुमार हार्दिक, आ अभिनव कुमार वगैरह उपस्थित रहलें.

(- राजेश भोजपुरिया)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up