भिखारी ठाकुर

by | Aug 6, 2010 | 2 comments

Santosh Patel

– संतोष कुमार पटेल

भिखारी ठाकुर
भोजपुरी माई के एगो लाल
मनई में कमाल
अइसन पूत के पाके धरती
हो गइली निहाल.

काहे कि अइसन लोग
धरती पर
बेर बेर न आवेलें
सांच सीधा गीत न गावेलें
परेम के नेह के
सनेह विछोह विराग के
हियवा में धधकत आग के.

बाकिर उ गवलें
इहाँ उहाँ धवले
हाथ में भोजपुरी के
लिहले मशाल
जवना के लूती लूती में रहे
गाँव गवई के हाल
बिदेसिया के अलाप
विधवा के विलाप
अनाथ के लोर
गरीब के सुसकी
महाजन के मनमानी.

हेतना के करी
भोजपुरी के भंडार भरे ला
माई के सेवा करे ला
अपना गीत से
संगीत से
रीत आ पीरीत से
जवना में नाटक बा
कहानी बा
अंखिया से चूवत पानी बा
लोर से लजारत ओरियानी बा
एगो टूटही पलानी बा
बोल बा
झांझर मुंह आ
धुराइल जवानी के.

बाकिर हउए ऊ
अन्हार में अंजोर नियर
तबहिये नू
दुनिया कहे ला उनके
भोजपुरी के शेक्सपियर


जुलाई के महिना में (१० जुलाई, १९७४) के भोजपुरी के शेक्सपियर के पुण्यतिथि रहे.
उनही के समर्पित ई हमर रचना जवन दू दिन पहिले लिखले बानी. आ अबले अप्रकाशित बा.

संतोष पटेल के दूसर कविता

कवि संतोष पटेल भोजपुरी जिनगी त्रैमासिक पत्रिका के संपादक, पू्वांकुर के सहसम्पादक, पूर्वांचल एकता मंच दिल्ली के महासचिव, आ अखिल भारतीय भोजपुरी भाषा सम्मेलन पटना के राष्ट्रीय प्रचार मंत्री हउवें.

Loading

2 Comments

  1. संतोष पटेल

    Amritansu ji
    dhynabad, apne ke hamar ee kavita pasan padal.
    santosh patel.

  2. omprakash amritanshu

    कुतुबपुर मकान जंहावा,गंगाजी के धारा बा
    भिखारी भोजपुरिया, के बतिया निराला बा

    माटी में साउनाईल ,अउरी भाव में लपेटाईल.
    गबर -घिचोर ,विदेसिया ,विधवा विलाप सुनाइल.
    ई अनपढ़ पुरुखवा आजु सभेके दुलारा बा
    भिखारी भोजपुरिया, के बतिया निराला बा
    पटेल साहब बड़ी निक लागल राउर रचना में भिखारी ठाकुरजी के पा के .
    गीतकार :-ओ.पी. अमृतांशु

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up