कलयुग

by | Mar 30, 2015 | 0 comments

– डॉ॰ उमेशजी ओझा

UmeshOjha
रउरा मानी चाहे ना मानी, बाकिर धोखाघड़ी, ठगी आ एक दोसरा के टॉग खींचे के जमाना में ईमानदारी के मजे मजा बा. रउरा सभे के हमार बात अटपटा लागत होई, हमरा के पागल आ सनकी समझत होखब, कि कलयुग आ भ्रष्टाचार के जुग में अईसन कहे के हिम्मत करत बानी. मालिक, हमार बात त तनिक सुनीं. हम पुरा ईमानदारी से आपन बात दोहरा सकत बानी भा कहीं कि खुलासो कर सकत बानी.

ईमानदार होखला प सबसे पहिला बात होई कि राउर जेब हमेशा हउला रही. जेकरा से तमाम तरह के परेशानियन से रउआ छुटकारा मिली. जइसे कि ना त राउर जेब कटे के डर रही, ना ही घर में चोरी होखे के, आ ना ही इनकम टैक्स वालन के छापा मारे के.

ठन-ठन गोपाल होखे का चलते पहिले त रउरा से केहु उधारो मांगें ना आई. केहु भुलल भटकल आइओ गइल त ओकरा से आपन फाटल खाली जेब दिखा दिही. उ आदमी रउरा लगे से अइसन गायब होई जइसे गंजा के सिर से बाल. शायद ई सोच के कि कहीं रउवे ओकरा से कुछ उधार मत मांग बईठीं.

ईमानदार होखला प बाकी चीज त छोडिए दिहीं रोटीओ खाइल मुश्किल हो जाई. कवनो निहन सरक-सरक के महिना बीतल करी. छुट्टीओ का दिन में पत्नी आ बाल-बच्चा के कहीं घुमावे के फरमाईश पुरा ना करे के पड़ी, आ ना ही ओह लोगन के खरीदारी खातिर मेला बाजार ले जाए के पड़ी. बस चुपचाप घर मे पड़ल रहीं. अगर बाल बच्चा आ पत्नी कवनो चीज के फरमाईश कर दिहले त पहिले जबान से समझावे के कोशिश करींं. अगर ना मानस त आखिर में बाहुबल त बड़ले बा.

ईमानदार होखला प ना त केकरो से जादा दोस्ती होई, ना समाज में कवनो रूतबा, आ ना ही कवनो नाता-रिश्ता रउरा के घेरी. एहसे रउरा पासे समए समय रही. समय के कवनो कमी ना रही. बस रउरा पास चैने चैन होई. ईमानदार होखला प शायद कसहु रोटी त खा लेबि बाकिर जिनगी के दोसर चीज बस सपने रहि जाई. जेकरा से आपन पड़ोसियन, दोसतन आ नाता रिश्तेदारन से कवनो जलन ना होई कि फलनवा का घरे ओकर फलाँ सामान हमरा घर से बढिया कइसे बा. अइसन जिनगी रउरा ईमानदार भईले प मिल सकत बा.

ईमानदार भइला प कुछ परेशानी त जरूरे रउरा होई. जइसे राउर उसूल बराबर दोसरा के निजी फायदा से टकराई. रउआ अपने आपके समाज आ एह दुनिया में ना पाइब. रउआ पाइब कि रउआ से कम काबिल लोग आपन जिनगी में रउआ से कही ढेरि आगे निकलल आ कामयाब बाड़े. बाकिर कबो अइसन देखले बानी कि गुलाब के साथे काँटा ना होखे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up