भोजपुरी भाषा आंदोलन गीत के दिल्ली में भइल विमोचन

by | Mar 4, 2018 | 0 comments


जब तक मान्यता ना मिल जाई लड़ाई जारी रही – भोजपुरी जन जागरण अभियान

भोजपुरिया जन मानस के दिल मे घर कर रहल बा भोजपुरी भाषा आंदोलन गीत

भोजपुरी भाषा आजु बहुत समृद्धशाली भाषा बिया. एकर पटल बहुते व्यापक बा. बाकिर दुर्भाग्य के बात बा कि अबही ले भोजपुरी भाषा के भारतीय संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल नइखे कइल गइल. भोजपुरी जन जागरण अभियान पूरा राष्ट्र का स्तर पर भोजपुरी के संविधान में शामिल करावे खातिर संघर्षरत बा. एही 21 फरवरीए के अठवाँ धरना प्रदर्शन दिल्ली के संसद मार्ग पर कइल गइल, जवना में देश के हरेक भोजपुरिया इलाका से भोजपुरी भाषी शामिल भइले.
एही आंदोलन के क्रम में सुप्रसिद्ध लोकगायिका कल्पना पटवारी अपना आवाज में भोजपुरी भाषा आंदोलन गीत के गाके भोजपुरी आंदोलन में जान फूंक दिहली. 25 करोड़ भोजपुरी भाषा भाषियन के आवाज के अपना गायकी से बुलंद कइली.
एह गीत के विमोचन दिल्ली के राजनगर, पार्ट-2, पालम में भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल के आवास पर भइल. एह गीत के गीतकार भोजपुरी के आदि कवि कबीरदास आ बेतिया के सुविख्यात कवि गीतकार डॉ गोरख प्रसाद मस्ताना जी बानी. एह गीत के बहुते सराहल जा रहल बा आ कमे समय में बहुते लोकप्रिय हो गइल बा भोजपुरी भाषा आंदोलन गीत.
विमोचन कार्यक्रम में खुद गायिका कल्पना पटवारी आ गीतकार डॉ गोरख प्रसाद मस्ताना जी उपस्थित रहीं. विमोचन कार्यक्रम के दौरान कल्पना भोजपुरी भाषा से जुड़ल कई तथ्यन पर चर्चा कइली आ साथे साथ भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता का सवालो पर आपन बात रखली. कल्पना पटवारी बतवली कि हम भिखारी ठाकुर के गीतन पर लगातार काम कर रहल बानी.
ओहिजे डॉ गोरख प्रसाद मस्ताना जी कहनी कि – भोजपुरी जन जागरण अभियान के द्वारा चलावल जा रहल भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता के लड़ाई में रउआ भोजपुरी भाषा आंदोलन गीत के गा के भोजपुरियन में जोश भरे के काम कइले बानी. एह आंदोलनात्मक सहयोग खातिर बहुत बहुत आभार बा.
भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल के कहनाम रहे कि – भोजपुरी जन जागरण अभियान भोजपुरी भाषा के संवैधानिक दर्जा खातिर लगातार धरना प्रदर्शन के माध्यम से आंदोलन चला रहल बा आ जब ले मान्यता नइखे मिल जात तब तक लड़ाई जारी रही.
एह अवसर पर मुख्यरूप से धनंजय कुमार सिंह, मनोज कुमार सिंह, संजय ऋतुराज, अभिषेक भोजपुरिया, अनुज कुमार तिवारी, राकेश कुमार सिंह, मुकुल श्रीवास्तव, विजय लक्ष्मी उपाध्याय, पल्लवी सिंह, मंजु कुमारी, हर्ष आर्यन, शुभ के अलावे अउरिओ लोग उपस्थित रहल.

– राजेश भोजपुरिया
राष्ट्रीय संयोजक, भोजपुरी जन जागरण अभियान

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up