भोजपुरी रचना पर आलोचना के किताब के विमोचन

by | Nov 1, 2019 | 0 comments

नई दिल्ली में साहित्य अकादेमी का सभागार रवीन्द्र भवन में भोजपुरी के मशहूर लिखनिहार डॉ अशोक द्विवेदी के लिखल आलोचना के किताब के विमोचन पुरनिया लिखनिहार आ साहित्य अकादेमी के अध्यक्ष रह चुकल आचार्य विश्वनाथ तिवारी जी का हाथे कइल गइल.

एह मौका पर भइल बतकही में मशहूर कथाकारनी डॉ अल्पना मिश्र, समकालीन भारतीय साहित्य के संपादक आ साहित्य अकादेमी के सदस्य डॉ ब्रजेन्द्र त्रिपाठी, विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय अध्यक्ष अजीत दूबे, अउऱ विचारक लेखक डॉ सुशील कुमार तिवारी समेत कई लोग शामिल भइल.

कवि कथाकार आ भोजपुरी दिशाबोध के पत्रिका पाती के संपादक डॉ अशोक द्विवेदी के एह किताब के मुकम्मल आलोचना आ विमर्श के किताब बतावत आचार्य विश्वनाथ तिवारी भोजपुरी भाषा के शोधकर्मियन ला एह किताब के बहुते काम लायक बतवनी.

डॉ द्विवेदी के बहुआयामी रचनाशीलता आ संवेदनियता के रेघरियावत डॉ अल्पना मिश्र उनुका के सर्जक आलोचक के नाम दिहली.

ब्रजेन्द्र त्रिपाठी तीन खंड वाली एह किताब के काव्यशास्त्रीय नजरिया से पोढ़ आ भोजपुरी साहित्य के विकास यात्रा से रुबरु करावे वाला बतवलन.

भोजपुरी भाषा ला लिखनिहार डॉ अशोक द्विवेदी के चालीसन बरीस के कीमती अवदान के रेघरियावत अजीत दूबे कहलन कि भोजपुरी लेखन के समहर रुप देखे ला एह किताब के पुरहर योगदान रहे वाला बा.

बतकही के संचालन डॉ सुशील तिवारी कइलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up