डाँड़ि में दम ना बगईचा में डेरा !

by | Jun 29, 2023 | 0 comments


भउजी हो ! सूनलू ह ?

का बबुआ ?

इहे कि मोदी सरकार सभका ला एके कानून बनावे जा रहल बिया.

माने कि हिन्दुवन के कटवावे के नया तइयारी !

अइसन काहें कहतारू भउजी ?

अपना पिछला अनुभव से.
संजोगे रहल कि राम मन्दिर आ धारा 370 का मुद्दा पर कवनो हिंसा ना भइल. आ इहो कि अग्निपथ योजना का खिलाफ शुरू भइल बवालो जल्दिए आँवक में आ गइल. बाकिर बाकी सगरी मामिलन में देश भर में खून-खराबा के दौर शुरु हो गइल. चाहे ऊ कृषि कानून रहल होखे भा एनआरसी भा नागरिकता कानून. एह तीनो मामिलन में मुसलमान भा कवनो दोसर अल्पसंख्यक निशाना पर ना रहलें बाकिर कतना हिन्दुवन के जान चल गइल. दिल्ली के दंगा अमितो शाह के पुलिस काबू ना कर पावल आ बहुते हिन्दुवन के जान चलि गइल. रउरो सुनले होखब कि गाँड़ी में दम ना बगईचा में डेरा. एह सरकार में अतना दम नइखे कि हिन्दुवन के बचा सको. बंगाल का चुनाव में भाजपा खातिर खड़ा भइल लोगन के हाल देखबे कइनी. भाजपा के सांसद एह डरे बवाल रोकं ना अइलें कि उनुका गाड़ी के नुकसान ना चहँपे. कार्यकर्ता कटात बाड़ें त कटासु. एकर परिणाम ई भइल कि भाजपा के कार्यकर्तो मान लिहलें कि जवन करे के बा अपना बूते. बंगाल के सांसद अर्जुन सिंह के अर्जून बने के पड़ि गइल. वापस तृणमूल में चलि गइलें बाकिर सांसदी ना छोड़लें.
मोदी के का ! जान जेकर जाई ओकर जाई, ऊ त कह दीहें कि हमरे तपस्या में कवनो कमी रहि गइल होखी आ कृषि कानून का तरह वापिस ले लीहें. बाकिर जे मरा गइल का ओकरो जान वापिस करा लिहलें. नागरिकता कानून आजु ले लागू ना हो पावल, एनआरसी त्रिशंकु बनि के लटकल बा. ना त लागू भइल ना वापिसे भइल. अबकिओ एह समान नागरिक संहिता पर जवन बवाल होखी ओकरा सोझा कलकत्ता के डायरेक्ट एक्शनो डे कम पड़ जाए के अनेसा बा.

त भउजी कइल का जाव ? ले दे के एगो इहे त गोल रहि गइल बा जवना से हिन्दू कुछ उमीद राखि सकेलें. ना त देखते बा सभे कि कर्नाटक में कांग्रेसी सरकार बनते गोकशी के छूट मिल गइल, हिन्दुवन के धर्म परिवर्तन करावे के छूट दे दीहल गइल.

हमरा कहले का होखे के बा ! मोदी आ शाह के त आपन सरकार बचावे-बनवावे के बा. एह नेक काम ला कुछ हिन्दु कटाइए जइहें त का फरक पड़ी उनुका ? एगो बाति रउरा बताईं कि समान नागरिक कानून से हिन्दू के का मिल जाई ? हिन्दू के एह कानून से कवनो फरक नइखे पड़े वाला. अगर हिन्दुवन ला कुछ करहीं के बा आ अगर मोदी-शाह में बेंवत बा त मन्दिरन के सरकारी कब्जा से मुक्ति दिआ देसु, वक्फ कानून खतम करि देसु, हिन्दू कोड बिल वापिस ले लेसु, पूजा स्थल कानून रद्द करा देसु, हिन्दुवन के धर्मपरिवर्तन रोकवा देस. बाकिर ना, अतना करे के बेंवत नइखे. उनुका त कुछ हिन्दुवन के बहला-फुसला के आपन काम निकाले के बा. जइसे बाकी गोल मुसलमानन के आपन वोट बैंक बनावे में लागल रहेलें वइसहीं भाजपो चाहत बिया कि ओकरो एगो वोट बैंक बनि जाव. ना त उनुका मुसलमानन के फिकिर बा ना इनिका हिन्दुवन के. एके गो फरक बा उनुका आ इनिका में. ऊ लोग अपना समर्थकन ला खड़ा रहेलें बाकिर ई लोग आँखि मूनि के महटिवले रहि जाला भा ओकरा के अपना गोल से बहरा क देला.

बाप रे, हम ना जनले रहीं कि आजु तू अतना लमहर भासन दे देबू. आजु चाए पी के लवटे वाला नइखीं, आजु त खाइए के जाएब.

हम त खिया देब बाकिर दुलहिन जवन बना के रखले होखिहें तवना के काल्हु सधावे के पड़ जाई रउरा.

ठीक कहलू भउजी. बसिअउरा खइला ले नीक रही कि चाए पी के निकल लीं आजुओ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up