गलत मथैला के आदी बाड़ें यूट्यूब चैनल

by | Mar 2, 2024 | 0 comments

अगर रउरो आदत बा यूट्यूब पर चैनलन के देखत रहे के त रउरो देखले होखब कि वीडियो के सामग्री आ ओकरा मथैला में कवनो संबंध ना होखे. एक से एक बझाऊ मथैला मिली रउरा, खास कर के तब जब कवनो मुद्दा वायरल होखे.

आ एह काम में नयका आ कमजोरे चैनल भा प्रस्तोता भर ना, एक से बढ़ के एक मशहूर मीडिया हाउस लागल मिल जइहें सँ. जइसे कि मान लीं कि आजु सभे एह तलाश में बा कि ऊ जानो कि भाजपा लोकसभा चुनाव 2024 में केकरा के आपन उम्मीदवार बनावे जात बिया त करीब करीब सगरी चैनलन के इहे भा अइसन मथैला देखे-पढ़े के मिली कि भाजपा ने बड़े-बड़े सूरमाओं को ठिकाने लगा दिया, पचहत्तर सांसदों को टिकट नहीं मिला वगैरह-वगैरह. जवन चैनल तनिका इज्जतगर होखिहें से मथैला का साथे प्रश्नवाचक चिह्न भा विस्मयादिबोधक चिह्न लगा दिहें, बाकिर अतना महीन कि पहिलका नजर में ऊ लउकबे ना करी. आ जब रउरा सगरी वीडियो आखिर ले देख लेब तब अतने पता चली कि भाजपा में टिकट खातिर चयन प्रक्रिया चल रहल बा आ एक दू दिन में पहिलका लिस्ट आ जाए के उमेद बा.

दोसर खराब आदत होला एह चैनलन के कि एके वीडियो तनिका-मनिका काट-छाँट के कई दिन ले परोसत रहीहें. रउरा त यूट्यूब का मुताबिक लाइव फीड देखत बानी बाकिर ऊ टटका व्यंजन ना बासी फीड होखी.

मानत बानी कि ओह लोग के आपन खरचा निकाले के होला. बाकिर एकर मतलब त ई ना कि अपना पाठकन के झाँसा दे के अपना किहाँ बोलावसु. तनिका ईमानदारी राखीं सभे ! हालांकि आजुकाल्हु ईमानदार मीडिया खोजल ओहि तरह के बात हो गइल बा जइसे कि कट्टर ईमानदार में ईमानदारी खोजल.

असल में हमहूं एही फिराक में बानी कि ऊ लिस्ट हमरो देखे के मिल जाव, जेकरा के अपना पाठकन के परोस पाईं. एक बात के पक्का वादा करब कि चुनाव से जुड़ल कवनो सामग्री या त चुनाव आयोग के लीहल होखी भा राजनीतिक गोलन के आधिकारिक वेबसाइट से. भलहीं तनिका देर हो जाव, बाकिर हमरा कवनो हड़बड़ी नइखे ब्रेकिंग न्यूज का नाम पर बुड़बक फँसावे के.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up