भारत केे भाग्य के फैैसला 4 जून केे सभका सोझा आ जाई

by | Mar 16, 2024 | 0 comments

(फोटो स्रोत- https://www.eci.gov.in/)

वइसेे त कुछ लोग के एह बात पर आपत्ति हो सकेला कि लोकसभा चुनाव के हम भारत के भाग्य के फैसला काहे लिखले बानी. बाकिर ई एगो कड़वा सचाई बावे कि एह चुनाव में जवन फैसला आई तवना से तय हो जाई कि भारत के भविष्य कइसन रहेे वाला बा. खास कर के भारत के बहुसंख्यक समाज के. आजादी के सत्तर बरीस बाद देश के हिन्दुवन के आवाज सुनाए लागल बा आ सत्ता ओह लोग के आवााज सुने लागल बिया. अबकी हर भारतीय के जिम्मेदारी बनत बा कि ऊ अपना मताधिकार के प्रयोग बहुतेे सोच समुझ के आ राष्ट्रव्यापी हित के धेयान मेें राखत करेे.

जइसन कि काल्हुवे चुनाव आयोग बता दिहले रहुवे कि आजु चुनाव के अधिसूचना जारी क दीहल जाई. से आजु देश का सोझा लोकसभा चुनाव 2024 के तारीखन के एलान मुख्य चुनाव आयुक्त कर दिहलन.

पिछला बारेे जइसन अबकियो के चुनाव सात डेग में करावल जाई. पहिला डेग उठी 19 अप्रैल केे 102 सीटन पर मतदान से. दुसरका डेग 26 अप्रैल के 89 सीट पर मतदान करा के. तीसरा डेग उठी 7 मई केे 94 सीट पर मतदान करा के, चउथा डेग मेें 13 मई का दिनेे 96 सीट पर मतदान करावल जाई, पांचवा डेग उठी 20 मई के 49 सीट पर मतदान से, छठवां डेेग 25 मई के 57 सीट पर मतदानग से, आ सातवां भा आखिरी डेग होखी 1 जून के 57 सीटन पर मतदान के.

मतगणना 4 जून केे करावल जाई आ ओहि दिनेे परिणामो सभका सोझा आ जाई. ई ना कि जइसन अमेेरिका मेें होखल करेला कि कई कई दिन लाग जाला मतगणना मेें.
आजु के एलान मेें सभलेे मजेेदार निर्देश बा अपराधी रिकार्ड वाला उम्मीदवारन ला. अब ओह लोग के अपना इलाका केे अखबार मेें तीन बेर विज्ञापन दे के बतावे के पड़ी कि हम दागी हईं ! लालू त चुनावेे ना लड़़ पइहें, आ सोनिया राज्यसभा ला चुना गइल बाड़ी. बाकिर राहुल आ केजरीवाल जइसन लोगन केे विज्ञापन खरचा बढ़ जाई.

मौजूदा लोकसभा के कार्यकाल 16 जून 2024 के पूरा होखेेवाला बा. आ ओकरा पहिलहीं नयकी लोकसभा केे परिणाम आ जाए केे चाहीं.

एह चुनाव का साथही आंध्र प्रदेश, ओडिशा, अरुणाचल प्रदेश, आ सिक्किम विधानसभावनो केे चुनाव करावल जाई. आ कुछ विधानसभा सीटन पर जवन कि खाली बाड़ी सँ ओहिजे उपचुनाव लगलेे हाथ करा लीहल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up