बेहतर बा एगो दिया जरा लीं

by | Feb 7, 2011 | 1 comment

बक्सर में छह फरवरी के आयोजित भोजपुरी कवि सम्मेलन के संबोधित करत बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष डा॰ रविकांत दूबे कहलें कि भोजपुरी के प्रतिष्ठा दिआवे खातिर ऊ सब कुछ करे के तइयार बाड़न आ एहमें सभकर सहयोग के आह्वान ऊ अपना कविता के लाइन सुनावत कइले कि जब राह ना लउकत होखे त बेहतर बा एगो दिया जरा लीं. डा॰ दूबे के अध्यक्षता में भोजपुरी अकादमी बहुते सक्रिय हो गइल बा आ पिछला कुछ महीना से कार्यक्रम के कारवाँ जइसन बढ़ निकलल बा. एही कारवाँ के एगो पड़ाव अतवार छह फरवरी के बक्सर में रहे.

बिहार के कई जिला से आइल भोजपुरी विद्वान कवियन के एह सम्मेलन के उद्घाटन भोजपुरी गीत रचना के भीष्म पितामह आचार्य गणेश दत्त किरण आ भोजपुरी सुर सम्राट भरत शर्मा कइले. स्वागत भाषण अखिल भारतीय भोजपुरी सम्मेलन के सचिव गुरू चरण सिंह दिहले. सम्मेलन में कविता पाठ करे वाला कवियन में अकादमी के सदस्य रामेश्वर प्रसाद सिन्हा पीयूष, सासाराम के सरोज कुमार पंकज, भगवान पांडेय निराश, आचार्य गणेश दत्त किरण, भरत शर्मा व्यास, बेतिया के गोरख प्रसाद मस्ताना, पटना के भगवती प्रसाद द्विवेदी, पश्चिम बंगाल से आइल डा॰ राम रक्षा मिश्र विमल, गाजीपुर के मिशिलेश गहमरी, गोरखपुर के अक्षय पांडेय, फिल्मी गीतकार ब्रजकिशोर, समेत दर्जनो कवि शामिल रहले.

Loading

1 Comment

  1. Santosh Kumar

    bahut nik samachar
    badhaee samet
    santosh patel

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up