दगाबाजी कर के जीतल सरकार लट्ठमारी कर के हार गइल

by | Jun 6, 2011 | 0 comments

शनिचर का दिने थोड़िका देर खातिर लागल रहे कि बाबा रामदेव के राजनीतिक अवसान हो गइल बा जब कपिल सिब्बल दगाबाजी करके बाबा रामदेव का तरफ से मिलल लिखल सहमति पत्र के सार्वजनिक कर दिहले. मीडिया तब बाबा रामदेव पर हमलावर हो गइल रहे आ लागत रहे कि बस काल्हु भोरे होत होत बाबा रामदेव के सगरी हवा निकल जाई. बाकिर कांग्रेस नेतृत्व के नालायकी का चलते रात में सूतल आन्दोलनकारियन पर लाठीचार्ज आ आंसू गैस के गोला छोड़ के तितर बितर करा दिहल गइल आ बाबा रामदेव के गिरफ्तार कर लिहल गइल. सरकार के एह बेवकूफ हरकत से पूरा देश बाबा रामदेव से भइल अन्याय का खिलाफ एकजुट हो गइल बा. पूरा देश से बस एगो आदमी, हमनी के लालू भईया, जे चारा घोटाला के महानायक का रुप में आरोपित रहले, सरकार के सराहना कइले. अतवार का दिने पूरा देश में जगहे जगहे धरना प्रदर्शन होखे लागल. साँझ सात बजे से भाजपा दिल्ली में आ देश के हर हिस्सा में, जहँवो ओकर मौजूदगी बा, चौबीस घंटा के सत्याग्रह शुरु कर दिहलसि.

सरकार के बेवकूफी का चलते पहिले त बाबा रामदेव के ऊ सम्मान दिहल गइल जवन कवनो राष्ट्राध्यक्ष के दिहल जाला आ जब बाबा रामदेव सरकार का चालबाजी में ना फँसले तब उनुका पर बर्बर पुलिसिया हमला करा दिहल गइल. बतावल जा रहल बा कि एह हमला का पाछे सोनिया गाँधी के सहमति आ मनमोहन सिंह के स्वीकृति रहल. दिल्ली पुलिस मनमोहने सिंह का जिम्मे बा काहे कि दिल्ली पुलिस के नियन्त्रण दिल्ली सरकार के नइखे दिहल गइल.

बाबा रामदेव के लिखित समझौता देखा के उनुका के दोषी ठहरावे वाला सरकार भुला गइल कि ओकरो प्रतिनिधि पिछला पाँच दिन से बाबा रामदेव का खिलाफ तड़ीपार आदेश तब ले अपना पाकिट में ले के घुमले जबले बाबा रामदेव से समझौता के उमेद खतम ना हो गइल. हमेशा का तरह कांग्रेस के दिग्गी राजा बाबा रामदेव का खिलाफ तरह तरह के आरोप लगा रहल बाड़े. बाकिर दिग्गी राजा के खुद के छवि अतना खराब हो चुकल बा कि “ओसामाजी” के एह सेवक के कवनो मोल नइखे रहि गइल देशवासियन का सामने.

बाबा रामदेव पर भइल हमला के सबले बड़ नुकसान जवन कांग्रेसियन के भइल बा ऊ बा कि सोनिया गाँधी फेर से अपना विदेशी मूल का चलते देश का निशाना पर आ गइल बाड़ी. कांग्रेस जवना बेहयाई का साथे हिन्दू धर्मावलम्बियन पर हमला कर रहल बिया ओहसे काग्रेस पर चर्च के पिछलग्गू होखे के आरोप चिपके लागल बा. इटली से आइल महारानी अपना साथे वेटिकनो के नाम घसीटवावत बाड़ी. भगवान कांग्रेस आ कांग्रेसियन के सद्बुद्धि देसु !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up