बतकुच्चन – ६४

by | Jun 17, 2012 | 0 comments


सुने में आवऽता कि मानसून के बरखा केरल का किनार पर चहुँप गइल बा. अबकी क मानसून करीब सात दिन देरी से आइल बा. आ एह बीच आसमान से बरसत आग के धाह तनी मनी कम भइल बा. बादर बरसे भा ना छाइओ के छाँह कर देला. मानसून के देर से अइला पर मन इहे कहलसि कि “बजलऽ हो शंख बाकिर बाबा जी के पदा के”. सोचे लगनी कि शंख त केहु बजा सकेला आ बहुते लोग पूजा करत घरी बजइबो करेला त फेर बबे जी के नाम काहे लिहल गइल? का एह चलते कि शंख बजावे के काम अधिकतर बबेजी लोग करेला. शंख पूजो मे बाजेला आ पुरनका जमाना में लड़ाइओ में बाजत रहुवे. महाभारत के पाञ्चजन्य आजुओ बाजऽता. अलगा बाति बा कि ऊ शंख ध्वनि ना होके संघ ध्वनि रह गइल बा. संघ के मुखपत्र क नाम ह पाञ्चजन्य. आजादी का लड़ाई घरी कहल जात रहे कि जब तोप मुकाबिल हो तो अखबार निकालो. अखबार के ताकत आजुओ बहुते बा काहे कि हमनी के सुभाव बन गइल बा कि छपल पर भरोसा बेसी होला, बकल पर कम. सोचत होखब सभे कि मानसून आ अखबार के एह भोजपुरी बतकुच्चन से का संबंध? मतलब बा आ पूरा बा. भोजपुरी क जतना आस अबकी का मानसून पर लागल बा ओतना आस शायदे कबो लागल रहे. अबकी ओकरा भरोसा बा कि सरकार संविधान का अठवीं अनुसूची में भोजपुरी क शामिल कर ली. राजनीति मे संख्या के महत्व बहुते होला आ भोजपुरियन के संख्या कवनो दल के राजनीतिक ताकत ला ललचावे लायक बा. “गाछे कटहर ओठे तेल” भा “पोखरा में मछरी नौ नौ कुटीआ बखरा” लागे लागल बा. बहुते लोग के बरीसन के मेहनत अब सफल होखे वाला बा आ बहुते लोग अब एकर मेवा खाए खातिर इंसुलिन के सूई लिहल शुरू कर दिहले बा. बाकिर एह पर केहू के धेयान नइखे जात कि भोजपुरी के मान्यता कवना भोजपुरी के मिली. आरा, छपरा, बलिया वाला के कि बनारस, गाजीपुर वाला के? भोजपुरी क मानक स्वरूप का होखे क चाहीं? सतरहवीं शताब्दी में अंगरेजीओ एही सवाल से जूझत रहुवे बाकिर छपाई क आविष्कार का बाद अंगेरजी में किताब, पत्र पत्रिका अखबार छपे लगली सँ आ तेजी से अंगरेजी के एगो मानक स्वरूप उभर आइल. हालांकि एकरा बावजूद आजुओ अमेरिकन अंगरेजी आ ब्रिटिश अंगरेजी के भेद मौजूद बा आ दुनु के एगो अलगे अलग मानक स्वरूप बन गइल बा. लिपि भोजपुरी क लगे कवनो आपन नइखे त अंगरेजीओ के लिपि उधारे वाला ह रोमन. ओही तरह नागरी लिपिओ देश के कई भाषा के लिपि बन चुकल बिया. भोजपुरी के मानक स्वरूप कुछ आसानी से बनल रहीत अगर भोजपुरी के कवनो आपन अखबार रहीत त. अखबार होखीत त ढेरे लोग ओह काम में लागल रहीत आ अखबार चाहे मनचाहे आपन शैली बनावे ला मजबूर हो जाइत. जवन भोजपुरी के मानक स्वरूप ले आवे में मदद करीत. पत्रिका त भोजपुरी में बहुते प्रकाशित होखेलीं सँ बाकिर कवनो पत्रिका के दायरा अतना बड़हन नइखे कि ऊ सगरी भोजपुरी इलाका में चहुंपत होखे, पूरा दुनिया के के कहो, एगो राज्यो के हर भोजपुरी इलाका में पसार वाली कवनो पत्रिका नइखे. भोजपुरी के कर्णधारन के एहू दिसाईं सोचे क चाहीं, आजु के बतकुच्चन एही ला रहल. सोचीं कि अगर कवनो भोजपुरी क अखबार रहीत त ओकरा में पिछला दिने कइसन हेडलाइन आइल रहीत, “अंटू का अंटा में आंटी का फंडा से अतना माल आइल कि अँटले अँटात ना रहे”. कइसन अलंकार रहीत एहमें? लोग भुला जाइत कि सकूल के सटुडेंट सटेसन के सटूल पर सटेंड हो के सपीच देत रहे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up