आरजेडी के माने समुझवलन तेजस्वी

by | Mar 3, 2024 | 0 comments

आजु पटना के गाँधी मैदान में बड़हन जनसमूह का सोझा भाषण देत बिहार के दू दू बेर उपमुख्यमंत्री रह चुकल तेजस्वी यादव आरजेडी के माने बतवलन कि आर माने राइट्स (अधिकार), जे माने जॉब्स (नौकरी), आ डी माने डेवलेपमेंट (विकास).

गाँधी मैदान में जुटल विशाल भीड़ तेजस्वी के नेतृत्व क्षमता देखवलसि आ राजद के सांगठनिक शक्ति. अगर ऊ अपना पिता लालू प्रसाद के परछाईं से बाहर निकल सकसु त उनुकर राजनीतिक ताकत बहुते बढ़ सकेला.

बाकिर यशवन्त सिन्हा जवना तरह अपना करतूतन से अपना लायक बेटा जयन्त सिन्हा के सगरी भविष्य पर करिया बदरी बन के छाप दिहलन ओहि तरह लालुओ शायद तय कर लिहले बाड़न कि तेजस्वी के पनपे ना दिहें.

आँख पर पट्टी बन्हले न्यायपालिका के लउकत नइखे कि खराब सेहत का नाम पर जमानत पर निकलल चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम कवना तरह मंच पर से गरजत बा आ देश के सेहत बिगाड़े में लागल बा.

तेजस्वी आरजेडी के माने त बतला दिहलें बाकिर का बता सकीहें कि लालू का जमाना में लागत नारा में भू रा बा ल के माने का रहुवे. कहाव कि भूरा बाल साफ करो ! राजनीति में अपना लबरपन से मीडिया के दुलरुआ रहल लालू आजु कहलन कि – ई नरेन्द्र मोदी हिन्दू नहीं है. उनकर भाषण उनुके एगो समर्थक एक्स पर डलले बाड़न ओकरे के एहिजा देखावत बानी. का राजनीति के भाषा अइसने होखे के चाहीं ? एक बेर पूरा भाषण रउरो सुन लीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up