अपना पुरान कम्प्यूटर के फेरु से उपयोग में ले आईं

by | Sep 22, 2023 | 0 comments

अगर राउर कवनो लैपटाॅप ओह पर विन्डोज के नयका संस्करण काम ना कइला का चलते उपयोग में नइखे आ पावत. आ एह चलते घर का कवनो कोना में फेंका गइल बा त आईं सीखल जाव कि ओकरा के फेर से उपयोग में कइसे ले आवल जा सकेला. एह काम में ना त नया कुछ खरीदे के जरुरत बा ना त केहू के चिरौरी कइला के जरुरत पड़े वाला बा.

एह बारे में हम अपना एगो कम्प्यूटर विशेषज्ञ मित्र से जानल चहनी कि ई काम कइसे कइल जा सकेला त ऊ हमरा के उहे बतवलन जे अधिका लोग करेला भा जवन अधिका लोग ला सहज होला. कहलन कि –
पुरनके विन्डोज पर काम करत रहीं भा अपना लैपटॉप के रैम बढ़वा लीं.

उनुकर ई सलाह हमरा भावल ना. काहेंकि पुरनका विंडोज के अपडेट ना कइल जा सके, ओकरा में वायरस घुस सकेला, आ ओकरा पर एंटी वायरसो काम ना करऽ सँ. आ बिना एंटी वायरस लगवले विन्डोज के इस्तेमाल अपना सेहत ला ना त कंम्प्यूटर के सेहत ला बहुते खतरनाक साबित हो सकेला. रैम बढ़वावे में दाम लागी आ उहो कतना कामे आई बतावल ना जा सके काहे कि पुरनका विन्डोज का चलते होखे वाला समस्या त मौजूदे रही.

एकरा बाद जानल चहनी कि लीनक्स डालल कतना सही रही. उनुकर कहना रहे कि लीनक्स सीखल बहुत कठिन होला आ काम करत घरी कवनो गलती हो गइल त फेरु फेरा में पड़ जाए के पड़ी. दोसरे लीनक्स के सुरक्षा का चलते अगर आपन कूट शब्द – पासवर्ड – भुला गइनी त ओकर कवनो उपाय नइखे.

उनुकर ई सलाह हमरा एकदम सही लागल काहें की बनल बनावल लीक पर चलला में दिक्कत कम होला. नया लीक बनावल, खोजल, आ ओकरा पर चलला में कब कवन दिक्कत आ जाई ई केहू ना बता सके.

अब हमरा में एगो बड़हन अवगुण बा. अंगरेजी के एगो कहावत ह कि – why reinvent a wheel ? बाकिर हम बाज ना आईं कोशिश करे से. एह फेर में हम कई बेर मुसीबत में पड़ चुकल बानी. तबो आदत छूटल नइखे.

एकरा बाद हम उहे कइनी जे आजुकाल्हु सभे करेला. गूगल बाबा के शरण में गइनी त बतवलन कि एकर सभले सहज समाधान बा कि ओह लैपटॉप में लीनक्स लोड कर लीं.

एकरा बाद हम लीनक्स के जानकारी बिटोरे में लाग गइनी. जान जाईं कि सर्वर का दुनिया के बेताज बादशाह हवे लीनक्स. काहे कि ओकर बुनावट अतना महीन होला कि ओकरा के उघारल आसान ना होखे. ई ऑपरेटिंग सिस्टम फोकट में मिलेला आ एकरा में सभकुछ खुला बा. आ उलटबाँसि ई कि बे-ताला का एह बाजार में चोर ना घुसऽ सँ. विन्डोज इस्तेमाल करब त बिना एंटी वायरस लगवले काम नइखे चले वाला.

खैर हमरा त आम खइला से मललब बा, आँठी गिनला के का जरुरत. से हम लीनक्स के जानकारी जुटावे में लाग गइनी. देखनी कि खन-बिखन के वेराइटी बा लीनक्स के. कवना के चुनीं. साँच कहीं त ई काम आसान नइखे. एक दूगो कोशिश बेकार गइल. आखिर में अइनीं उबुन्टू का दुआरे.

आगे बतावे से पहिले ई बता दीहल जरुरी लागत बा कि आजु के ई पन्ना ओकरे पर लीखत बानीं. सगरी ककहरा फेरु से सीखे के पड़त बा. अंगरेजी के QWERTY कीबोर्ड में एकरुपता बा. एच टाईप करब त एचे लीखल सोझा आई. बाकिर देवनागरी कीबोर्ड तरह-तरह के आवेला. विन्डोज आ मोबाइल पर काम करेवाला की-बोर्ड सभका मालूम बा आ इहो मालूम बा कि देवनागरी में टाइप कइल कतना मुश्किल के काम होला. एहि चलते बहुते लोग रोमन में लिख के काम चला लेला.

बाकिर अँजोरिया पर रोमन में भोजपुरी लिखब त पढ़ल मुश्किल हो जाई. आजु रउरा ओह परेशानी का बारे में बतवलो पर ना समुझ पाइब. ओह जमाना में – जब बीस बरीस पहिले अँजोरिया शुरु कइले रहीं त देवनागरी के फॉन्ट देबे के पड़त रहुवे. आवेवालन का कम्प्यूटर पर अगर कृति फॉन्ट ना रहल करे त पहिले ऊ लोग दीहल लिंक से फॉन्ट डाउनलोड कइला का बादे अँजोरिया पढ़ पावे. कुछ दिन बाद जब यूनिकोड आ गइल त काम सहज हो गइल. बाकिर यूनिकोड टाइप कइल जरुर सीखे के पड़ल. आ अब लीनक्स पर फेरु नया की-बोर्ड सीखे के पड़त बा. आजु ई पन्ना लिखे में हमरा कतना दिक्कत हो रहल बा पूछीं मत. बाकिर कुछही दिन में एकर आदत लागि जाई. खुशी के बाति बा कि एकरा के सीखल बहुते आसान बा. बस लत लगवला के जरुरत बा.

अब चलीं सिलसिलेवार सीखल जाव कि का करे के बा.

1- सबसे पहिले त अपना पुरनका कम्प्यूटर से सगरी जरुरी फाइल हटा लीं. कवनो प्रोग्राम उतारे – कॉपी करे – के जरुरत नइखे काहेंकि ऊ प्रोग्राम लीनक्स पर कामे ना अइहें सँ.

2- अब https://ubuntu.com/download/desktop पर जा के उबुन्टू डेस्कटॉप अपना नयका कम्प्यूटर पर डाउनलोड कर लीं. समय पूरा लागी काहेंकि ई फाइल करीब 5 जीबी के होला.

3. जब उबुन्टू डेस्कटॉप पूरा डाउनलोड हो जाव त अगिला फाइल https://unetbootin.github.io/linux_download.html पर जाकेडडसराइ यूनेटबूटिन डाउनलोड कर लीं.

4. कम से कम 32 जीबी के एगो पेनड्राइव ले के USB port पर लगा दीं.

5. यूनेटबूटिन खोलीं. ई रउरा के बताई कि कवन लीनक्स डाउनलोड करे के बा. एकरा के अनदेखा कर दीं आ नीचे दीहल सोर्स में उबुन्टू डेस्कटॉप के लोकेशन बता दीं आ जहवाँ एकरा के भेजे के बा ओहिजा पेनड्राइव के लोकेशन डाल दीं. बस राउर हथियार तईयार हो गइल.

6. एह पेनड्राइव के अपना पुरनका कम्प्यूटर में लगा दीं. आ कम्प्यूटर चालू क के ओकरा BIOS setup में जाईं आ बूटिंग वाला पन्ना पर जाके USB bootin चुन लीं. आ अपना चुनाव के संरक्षित करत बाहर निकल आईं. पेनड्राइव लगले रहे दीं आ कम्प्यूटर चालू कर दीं.

7. अब रउरा सोझा सवाल आई कि करे के बा. उबुन्टू बताई कि रउरा कम्प्यूटर पर पहिले से जवन विन्डोज मौजूद बा ओकर का करे के बा. रउरा के तीन गो विकल्प मिली – 1) विन्डोज रहे दीं आ ओकरा अलावे उबुन्टू डाल दीं. 2) उबुन्टू के आजमाईं आ 3) विन्डोज हटा के उबुन्टू डाल दीं.
रउरा तिसरका विकल्प चुनब त फेरु धिराई कि सबकुछ बिला जाए वाला बा. रउरा बता दीं कि कवनो बात ना.

8. अब उबुन्टू लोड होखे लागी त राउर देश पूछी, समय पूछी, आ वाई-फाई के चुने के कही. आपन वाइ-फाई सेट कर दीं.

9. राउर नाम पूछी आ ओकरे में से दू गो वर्ण चुन के रउरा कम्प्यूटर खातिर कूट-शब्द – पासवर्ड – चुने के कही. पहिलहीं से आपन पासवर्ड कवनो कागज पर लिख के तइयार रखले रहीं. कूट-शब्द जटिल होखे के चाहीं. अगर कूट-शब्द आसान रही त रउरा के एगो कूट-शब्द सुझाई. एकरा के चुने से पहिले कागज पर लिख के राख लीं तब आगे बढ़ीं.

10. जब सब काम पूरा हो जाई त रिस्टार्ट करे के कहल जाई. पेन-ड्राइव बिना निकलले रिस्टार्ट कर दीं. रिस्टार्ट भइला पर रउरा आपन कूट-शब्द डाले पड़ी. अब जब कम्प्यूटर चालू हो जाई तब रउरा के पेनड्राइव निकाल लेबे के कहल जाई.

बस सगरी काम हो गइल आ राउर पुरनका कम्प्यूटर पूरा रफ्तार से काम करे लागी.

अगर कवनो सवाल करे के होखे त नीचे कमेन्ट करीं. बीच-बीच में हम ओकर जबाब देत रहे के कोशिश करब.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up