ऊँट कवनो करवट बइठे हम ओनिओ ठाढ़ मिलब

by | Dec 2, 2023 | 0 comments

शेयर मार्केट के कइंचिया दाँव के अइसन मौका बहुते कम मिलेला. कई बेर जब कवनो बड़हन खबर आवे वाला होला तब बाजार खुलल मिलेला. जइसे कि बजट भाषण का बेरा. एक जमाना पहिले एही चलते बजट बाजार बंद होखला का बाद पेश होखत रहुवे. बाकिर अब ऊ परम्परा कब के टूट चुकल बावे. अब खुलल बाजार का बेरा बजट पेश कइल जाला जवना चलते बहुते तेज उलट-फेर देखे के मिलेला. बाकिर सोमार का दिने जवन होखे जा रहल बा तवना के मौका बहुते भाग से मिलेला.

पाँच राज्यन के बहुचर्चित विधानसभा चुनाव पिछला बियफे के दिने पूरा हो गइल. बियफे साँझ के एक्जिट पोल अइली सँ जवना के असर शुक का दिने देखे के मिलल. एक्जिटो पोल से बढ़िया मपना होला बाजार के रुख. काहें कि एहमें करोड़ों लोग शामिल होला. आ सभे अपना-अपना जानकारी भा अनुमान का मुताबिक चाल चलेला जवना से बाजार के रुख में एक तरह से बड़हन रुझान देखे के मिल जाला. शुक का दिने मिलबो कइल जब बाजार निकहा तेजी से खुलल बाकिर एगो बढ़िया ऊँचाई छुवला का बाद हिचकिचाए लागल. काहें कि अनुमान आ बकैती में कवनो बहुते फरक ना होला. कुछ लोग के अनुमान सही का नजदीक होला जबकि अधिका लोग के अनुमान बकैती से अधिका ना होखे. बकैती का बदले रउरा अटकरपचीसी शब्दो के इस्तेमाल कर सकीलें.

आजु शनिचर के देर सँझिया हम ई लिखे बइठल बानी. काल्हु फजीरे आठ बजे से टीवी चैनल गुलजार हो जइहें सँ आ उपरि बेरा आवत-आवत परिणाम सभका सोझा आ जाई. काल्हु अतवार ह एहसे बाजार बन्द रही. बाकिर जब सोमार का दिने खुली तब लोग के राय बन चुकल रही.

अगर भाजपा के हार भइल त बाजार गोता मार दी आ अगर भाजपा जीतल तब बाजार छउँक के एगो नया ऊँचाई छू ली. अबहीं जवन अनेसा भा आशा बा तवन बाजार खुले से पहिले अपना परवान पर होखी. अइसने मौका पर बाजार में कईंचिया दाँव खेलल जाला. बाजार केनियो जाव मुनाफा के बढ़िया गुंजाइश रही. एह समय में आप्शन से बढ़िया कुछ ना होखे. बाजार रउरा मन मुताबिक गइल तबे रउरा खरीदब भा बेचब. मनमाफिक ना गइल त आप्शन के प्रीमियम डूब जाई.

उदाहरण का तौर पर देखीं त शुक का दिने बैंक निफ्टी 44580.15 पर खुलल आ 44951.10 के ऊँचाई ले चढ़ाई मरलसि. बाद में जब बाजार में हिचकिचाहट होखे लागल त बाजार 44531.75 ले नीचे गिरल बाकिर बन्द होखे का बेरा 44814.20 पर बन्द भइल. बियफे का दिने बैंक निफ्टी 44481.75 पर बन्द भइल रहुवे. बाजार चूंकि बियफे का ऊँचाई से उपरे बन्द भइल त एकर मतलब इहे निकलल कि बाजार में लिवाल भा खरीददार मजबूती से खड़ा बाड़ें.

एह हालात में दू तरह के कईंचिया दाँव हो सकत रहुवे. एक त कि रउरा 44800 के कॉल आ पुट दुनू खरीद लीं. भा 44700 के कॉल आ 44900 के पुट खरीद लीं. एहमें कुल 330+235 (लगभग, काहें कि हर केहू के अलगे-आलग भाव मिल पाई) माने कि 565 रुपिया लागीत. अब अगर भाजपा के शर्मानक हार होखी त बाजार सोमार का दिने पेंदी का तरफ जाई. आ 44800-565 माने कि 44235 भा ओकरा नीचे गिरल त रउरा बढ़िया फायदा हो जाई. आ अगर भाजपा के शानदार जीत हो गइल त बैंक निफ्टी 44800+565 माने कि 45365 का ऊपर चढ़ल तबो रउरा फायदा हो जाई. एहमें लागत भा रिस्क हर लॉट पर 565 रुपिया के रहे वाला बा जबकि मुनाफा के कवनो सीमा ना होखे. आ बैंकनिफ्टी खातिर एक दिन में हजार अंक ऊपर-नीचे भइल कवनो बड़हन बाति ना होखे. एहसे अधिका उमेद बा कि ऊँट कवनो करवट बईठी रउरा ओनिओ खाड़ मिलब मुनाफा काटे खातिर.

भोजपुरी में शेयर मार्केट के चर्चा रउरा Anjoria.com   छोड़ के कतहीं नइखे मिले वाला. एकरा पहिलहूं कई गो पोस्ट डालल जा चुकल बा. ओहनी के पढीं आ देखीं कि काम जोग बाड़ी सँ कि ना. आ सोमार के देखीं कि बाजार में का होखत बा.

आत्मचिंतन –

शुक का दिने जे उपर वाला रणनीति पर काम कइले होखी ओकरा आजु जम के मुनाफा भइल होखी. आजु सोमार का दिने बाजार जम के उछलल आ ओकरा बाद बढ़ते गइल. आखिर में बैंंकनिफ्टी के 45800 वाला कॉल ऑप्शन 800 का ऊपर बन्द भइल. अगर पुट ऑप्शन के 60 अंक मिला दीं त 800+60-565 = 295 के मुनाफा भेंटाइल होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up