कनियवो के भाई, दुलहवो के भाई

by | Mar 3, 2024 | 0 comments

ऑप्शन ट्रेडिंग सबसे जोखिम वाला काम होला आ एकरा खिलाफ सेबी के तगड़ा अभियान एक जमाना से चल रहल बा. जइसहीं रउरा अपना ट्रेडिंग प्लेटफार्म पर लॉगिन करब, सबसे पहिले रउरा सोझा आई चेतावनी कि एफएनओ – माने फ्यूचर आ ऑप्शन – ट्रेडिंग में बहुते जोखिम होला आ अधिकतर मामिला में निकहा नुकसान उठावे के पड़ेला. जब रउरा सकार लेब कि हँ हमरा ई बात बढ़िया से मालूम बा तबे आगा बढ़े के इजाजत मिल पाई.

असल में होला ई कि ऑप्शन ट्रेडिंग त दू-चारो सौ में कईल जा सकेला बाकिर हर सौदा में आठ से दस लाख के सौदा लुकाइल होला. मुनाफा के हसीन सपना त सबका दिमाग में रहेला बाकिर ई ना होखे कि राउर लगावल सगरी पूंजी डूबे के निकहा अनेसो बा. बहुते लोग त एकरा के लॉटरी के टिकट जइसन खरीदल करेला. सोचेला लोग कि चल हजार रुपिया के रिस्क बा बाकिर लॉटरी लाग गइल त किस्मत चमकियो सकेला.

एक जमाना में एक नम्बर के लॉटरियन के बाढ़ रहुवे. एक रुपिया के टिकट खरीदीं आ अगर राउर नम्बर लाग गइल त नौ रुपिया मिल जाई. भाग्य भरोसे चले वाला लोग त एके गो टिकट खरीद के आपन किस्मत आजमा लीहल करे बाकिर अपना के चतुर सुजान माने वाला लोग पाँच-सात गो नम्बरन के टिकट कटा लीहल करे. एह लोग के सोच होखल करे कि कम से कम दूइयो रुपिया के मुनाफा त भेंटा जाई. बाकिर नम्बर निकले ओहि तीन नम्बर में से जवन ऊ खरीदले ना रहसु.

आप्शनो में अइसने दाँव होला कनियवो के भाई आ दुलहवो के भाई बन जाए के. चढ़तियो खरीद ल आ गिरतियो. माने एके दाम के सौदा बेचियो द आ खरीदियो ल. ई रणनीति जतना सहज बुझात बा ओतना होखे ना. आ अइसनो जटिल ना होखे कि आसानी से कइल ना जा सके.

हमार कोशिश होखी कि एकरा के सहज तरीका से समुझा पाईं. का पता, सहज तरीका से समुझावे में हमरो कुछ उलझन कम हो जाव

मान लीं कि बैंक निफ्टी अबहीं 45000 पर चलत बा. एकरा के कहल जाई कि स्ट्राईक रेट 45000 के बा. अब एह रणनीति का हिसाब से हमरा 45100 वाला पुट ऑप्शन आ 44900 वाला कॉल ऑप्शन खरीदे के चाहीं. ऑप्शन के एक्सपायरी अगिला हफ्ता होखेवोला चाहीं. एहसे सौदा काटे में हमरा तीन चार दिन के समय मिल जाई.

मान लीं कि बाजार चढ़े लागत बा. अब कॉल के दाम चढ़े के लगभग बराबरे पुट के दाम गिरे लागी. बाकिर जस-जस स्ट्राईक रेट चढ़त जाई कॉल के दाम तेजी से बढ़े लागी आ ओकरा मुकाबले पुट के दाम गँवे-गँवे गिरी. जतने तेजी से आ जतने जल्दी स्ट्राईक रेट चढ़ी, ओतने तेजी से आ ओतने बेसी मुनाफा के उम्मीद रही. बाकिर अगर स्ट्राईक रेट कमे चढ़ी भा चढ़ती में समय बेसी लागी त ओह हालत में नुकसानो के अनेसा रही.

दोसरा तरफ अगर बाजार गिरे लागी त शुरु में त पुट के दाम चढ़े के लगभग बराबरे कॉल के दाम गिरी. बाकिर जस-जस स्ट्राईक रेट गिरत जाई पुट के दाम तेजी से बढ़े लागी आ ओकरा मुकाबले कॉल के दाम गँवे-गँवे गिरी. जतने तेजी से आ जतने जल्दी स्ट्राईक रेट गिरी, ओतने तेजी से आ ओतने बेसी मुनाफा के उम्मीद रही. बाकिर अगर स्ट्राईक रेट कमे गिरल भा गिरे में समय लगा दी त ओह हालत में नुकसानो के अनेसा रही.

अइसन कवनो रणनीति ना होखे जवना में नुकसान के अनेसा ना होखे. हर रणनीति नुकसान करा सकेले. एहसे कोशिश इहे रहे के चाहीं कि जसहीं कास भर का मुनाफा मिल जाव दुनू सौदा काट के निकल लेबे के चाहीं. उदाहरणे खातिर मान ली कि हम एक-एके लॉट खरीदला बानीं त हजार के नुकसान पर सौदा काट देब आ दोसरा तरफ हजार भा डेढ़ हजार के मुनाफा होखते सौदा काट लेब.

बाद में जब सौ बेर एह तरह काम कइला का बाद अनुभव मित जाई त हम स्टॉप लॉस ऊपर करत जाए के रणनीति बना लेब बाकिर अधिकतम स्टॉप लॉस हजारे राखब.

एह बात के कतनो रेघरियावल जाय कमे रही कि ऑप्शन में नुकसान के अनेसा हमेशा बनल रहेला. हमरा-रउरा बस में नुकसाने के सीमा बा, मुनाफा त बाजार दीहि भा ना दीहि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up