बिहार सरकार मुंबई में बनावे जा रहल बिया बीस तल्ला राजेन्द्र भवन

by | Feb 2, 2024 | 0 comments

बिहार फाउंडेशन मुंबई चैप्टर के प्रवक्ता मनोज सिंह राजपूत बतावत बाड़न कि बिहार सरकार दक्षिण मुंबई में एगो बीस तल्ला राजेन्द्र भवन बनवावे जा रहल बिया. बिहारियन खातिर ई गौरव के विषय बा कि जहां बाकी राज्य सरकारन के भवन मुंबई के केन्द्र से सुदूर जगहन पर बनावल गइल बा ओहिजे बिहार सरकार के ई भवन खास दक्षिण मुंबई में बनावल जाई जवन रेलवे टीसन का नियरे बा जहां से सेंट्रल, वेस्टर्न अउर हार्बर तीनों लाइनन के ट्रेन जाली सँ. एहसे एगो आम बिहारी ओहिजा सहजता से चहुँप सकी.

बिहार सरकार के निवेश आयुक्त कार्यालय में पदस्थापित बिहार सरकार के अवर सचिव कविता कुमारी बतवली कि बिहार सरकार के जवन जवन काम बांद्रा ऑफिस से चल रहल बा ऊ सगरी काम अब एहिजे से होखल करी.

कैबिनेट सेक्रेट्रिएट के संयुक्त सचिव सुमन कुमार जानकारी दीहलन कि एह बीस तल्ला राजेन्द्र भवन में कार्यालय का साथ ही कैंसर मरीजनो के ठहरे के सुविधा दीहल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up