लैपटॉप बैटरी फेरू चार्ज होखे लागल

by | Nov 23, 2023 | 0 comments


एने कई दिन से परेशान रहनी हऽ. कुछ दिन पहिले अपना पुरान लैपटॉप के विन्डोज हटाके लीनक्स लगा लिहले रहनी. कारण रहुवे कि विन्डोज के हमार पुरनका लैपटॉप पसन्द ना रहि गइल रहुवे. पुरनका लैपटॉप पर विन्डोज अपडेट ना होखत रहुवे आ बजट नया खरीदे के इजाजत ना देल रहुवे. थाकहार के हम ओकरा पर लीनक्स सिस्टम लगा लिहनी.

बैटरिओ काम ना करत रहुवे से नया बैटरी लगा लिहनी. सब कुछ फिटफाट हो गइल. बाकिर एगो नया समस्या घेर लिहलसि. बन्द कइला का बाद दुबारा चालू होखे में टाइम बहुते लागल करे त पॉवर सेटिंग अइसन कर लिहनी कि बटन दबवला पर शट डॉउन ना हो के स्लीप मोड में चलि जाव. काम सुचारू हो गइल. बीच में कुछ दिन ला गाँवे जाए के पड़ल त लैपटॉप एहिजे छोड़ के चल गइल रहीं. आ गलती ई हो गइल कि शट डॉउन ना कर के सस्पेन्ड (विन्डोज के स्लीप लीनक्स में ससपेन्ड हो जाला) कर गइल रहीं.

संजोग से आवे में दू हफ्ता लाग गइल आ अब लैपटॉप चालू कइनी त बैटरी में पावर ना रहुवे. चार्जर लगवनी त लैपटॉप त शुरू हो गइल बाकिर देखनी कि बैटरी चार्ज ना होखत रहुवे. बैटरी नए रहल त लागल कि कहीं चार्जर मत खराब हो गइल होखे. से नया चार्जर मँगवा लिहनी. बाकिर ओकरा बादो हालात उहे रहुवे कि battery not charging.एह घरी के आदत हो गइल बा कि जबे कवनो सवाल उठे गूगल करि लऽ.

आ गूगल बाबा का बारे में त सभे जनबे करेला कि तू एगो पूछबऽ त ऊ लाख-करोड़ जबाब परोस दीहें. गनीमत इहे होला कि काम वाला जानकारी पहिलका पन्ना पर मिलिए जाला. त गूगल से मिलल जानकारी के हर उपाय करिके देख लिहनी. सब बेकार. हई देखिए, हऊ चेक करिए. ना होखे ल एक बेर बैटरी निकाल के फेर से लगाइए. हो सके त बैटरी के बारह घंटा फ्रीजर में रख दीजिए. उसके बाद निकाल के जब ऊ सामान्य तापमान पर आ जाव त लैपटॉप में लगाइए. एकरा बादो अगर चार्ज होखल शुरु ना भइल त सर्विस सेन्टर ले जाईं. अब उहे लोग बताई कि का आ कहवाँ खराबी बा. हो सकेला कि कह देेव लोग कि मदरबोर्ड के सर्किट खराब हो गइल बा. कुछऊ कह सकेला डॉक्टर जब खरबिरवा आ घरेलू इलाज काम ना कइला पर रउरा ओकरा से सलाह लेबे जाएब त.

बुझाव ना कि का का बदलीं. काहे ना एकबेर हिम्मत करिके एगो नया लैपटॉपे ले लीं. शायद मन कर जाइत बाकिर लीनक्स आदत बिगाड़ दिहले बा. हिन्दी, भोजपुरी, देवनागरी टाइप करेला लीनक्स जवन कीबोर्ड देला ऊ विन्डोज ना दे पावे. पता ना का कारण बा. हो सकेला कि सोचल होखे कि एह देवनागरी वालन खातिर माथ काहें खपाईं. जवन देत बानी तवना कीबोर्ड के इस्तेमाल करे के सीख ल लोग.

आखिर में सोचनी कि काहें ना एक बेर बलिया के फ्रेन्ड्स कम्प्यूटर – Friends Computer- वाला रजनीकान्त जी से पूछ लीं. हो सकेला कि ऊ कवनो आसान उपाय बता देसु. आखिर अँजोरिया के गिनल-चुनल भामाशाहन में उहोंका शामिल बानी.

रजनीकान्त जी कहलन कि कुछ मत करीं. लैपटॉप के चार्जर लगा के पूरा एक दिन छोड़ दीं. हम पूछनी कि बिजली कट जाव तब ? काहेंकि सोसाइटी के जनरेटर चालू होखबे करेला से केहू एहिजा इनवर्टर नइखे लगवले. त कहलन कि ना होखे त डेढ़ दिन ला छोड़ दीं.

आ खुशखबरी कि लैपटॉप बैटरी फुल चार्ज हो गइल आ समस्या खतम.

सोचनी कि काहें ना ई जानकारी अँजोरिया के पढ़वइनो के बता दीं. अइसन समस्या ओहू लोग का साथे हो सकेला. आ हँ, अबसे भुलाइयो के लमहर समय ला लैपटॉप के ससपेन्ड मत छोड़ब. ओह समय शट डॉउन क दीहल बढ़िया रही.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up