घरे आवतारऽ पिया कई दिन पर

by | Apr 28, 2024 | 0 comments


घरे आवतारऽ पिया कई दिन पर
जा के नाचतारऽ कवना के बीन पर
अपना मेहरी के छोड़ सौतीन पर
पिया मरेला कवना नागिन पर

भोजपुरी इलाकन के ई एगो पुरान समस्या ह जवन भिखारी ठाकुर से ले के आजुओ के गीतकार अकसरहां उठावते रहेलें. दुनिया में भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट लोकप्रियता में एहसे पिछुआ गइल कि हम साहित्य आ समाचार के महत्व देत रह गइनी आ बाकी लोग सिनेमा आ गीते गवनई ले अपना के बन्हले रहल. भोजपुरी के बड़का लिखनिहार चिरौरी करावल चाहेलें आपन कवनो रचना भेजे में. दोसरे एह बड़हन कलमकारन के शायद लाजो लागेला कि उनुका जइसन बड़का लिखनिहार के लिखलका अश्लील भोजपुरिया का समुझिहें !

जे श्लील ना होखे ऊ अश्लील होला. आ भोजपुरिया त अधिका अश्लीले होखेलें, श्लील भोजपुरिया ना त भोजपुरी बोलेला, ना सुनल चाहेला. हँ कुछ श्लील भोजपुरिया भोजपुरी में लिखल जरुर करेलें. एक जमाना में अंगरेजिओ भाषा के वल्गर, अश्लील, कहल जात रहुवे काहें कि ऊ आम आदमियन के भाषा बनल जात रहुवे. एह आम आदमियन के ग्रीक आ लैटिन भाषा दुरुह लागे लागल रहल. भोजपुरिओ के विकास के कड़ी संस्कृत से शुरु होला. हिन्दी त बहुत बाद में आइल. ओकरा के सरकारी संरक्षण मिलत गइल आ ऊ फरत-फुलात गइल. भोजपुरी आम आदमी के भाषा रहल आ आम आदमी के भाषा बनल रह गइल. ओकरा सरकारी संरक्षण ना मिल पावे एकरा ला हिन्दी वाले हर साजिश कइलें आ आजु ले करत बाड़ें. हमरा आम आदमी के एह भरोसा के तूड़ल मंजूर नइखे. आ बड़का लिखनिहारन के चिरौरी कइलको पसन्द नइखे. एहसे अपने से खोजत-निकालल शुरु कर देले बानी. सोशल मीडिया एह काम में बहुत मदद कर देला भोजपुरी के टटका गीत भा चरचा रउरा सोझा परोसे में.

भोजपुरी के गीत गवनई परोसे वाला चैनलन के कमी नइखे. बाकिर वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स के भोजपुरी चैनल के परोसा अधिका मिलेला. आजुओ एही चैनल पर एगो टहकार गीत सुने के मिल गइल. कवनो गीत के अंजोरिया पर साझा करे से पहिले हम ओकरा के पूरा देख-सुन लिहिलें, तबहियों हो सकेला कि कुछ हमरा नजर आ कान से छूट गइल होखे. अगर कबो रउरा कुछ बेजाँय मिले त जरुरे बता दीहल करीं. ई निहोरा हम बेर बेर करिलें बाकिर एगो भोजपुरिया दोसरा भोजपुरिया के बड़ाई कइसे की दी ! बड़ाई मत करीं बाकिर खिंचाई कइला में कवन असकत !

आशुतोष तिवारी के लिखल एह गीत के आर्य शर्मा अपना संगीत से सजवले बाड़ल. निर्माता रत्नाकर कुमार आ निर्देशक सुनील बाबा के बनावल एह वीडियो के संपादन आलोक गुप्ता कइले बाड़न. नृत्य निर्देशन गोल्डी जायसवाल के बा. गवले बाड़ी राजनन्दिनी बाकिर लउकल बाड़ी नेहा पाठक. भगवान एके आदमी के सब कुछ ना दे देसु. केहू के आवाज दे देलें त केहू के अदाकारी. केहू के आँख ना देसु त केहू के टँगड़ी. बाकिर एक दोसरा के सहजोग करीं त हर कमी दूर हो सकेले.

रउरो उबिया गइल होखब हमरा बकलोली से. चलीं अब गानवा सुन लीं जवना का बहाने रउरा से अतना संवाद क लिहनी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up