जीपीएल के देवता समन काहे ना मानेे ?

by | Mar 17, 2024 | 0 comments

फोटो स्रोत : https://twitter.com/RPsingh125/status/1768861751859384444

भउजी हो !

का बबुआ ?

जीपीएल के देवता समन काहे ना मानेे ?

काहेे कि ओकरा बुझाला कि ओकरा लगे जीपीएल के बहाना बा.

तू कवना जीपीएल के बात क दिहलू ?

रउरा होली के ई गनवा नइखीं सुनले का कि, अबकी देवरा से डलवाएब ?

सुनलेे बानी बाकिर तूं कइसेे सुन लिहलू ? आ तोहार जीपीएल केे मतलब का भइल ?

रउरा कहनी कि जीपीएल के देवता समन काहेे ना मानेे, तब त हम ना पूछनी कि जीपीएल मानेे का. बबुआ जी, हर शब्द केे कई गो मानेे निकालल जा सकेला. अनेकार्थी शब्दन का बारे मेें त ई सभे केेहू मानेेला बाकिर जब कवनो शब्द सामान्य रूप सेे अनेकार्थी ना होखे त ओकर भाव बूझे ला कहेवाला केे हाव देखे केे पड़ेेला. ओही तरह अबकी देवरु सेे डलवाएब कहला के मतलब होला कि अब देवर सेे रंग लगवाएब. बाकिर जब गावेे वाली के हाव पर नजर पड़ेला तब पता चलेेला कि ई कवना डलवावेे केे बात करत बाड़ी. असल में बहुत कुछ सुनेे वाला पर निर्भर करेला कि ऊ कवना बात के कवन मतलब निकालत बा. अश्लीलता त सुने-देखे वाला का मन मेें बसल होला. एही चलतेे तथाकथित सभ्य लोग भोजपुरी के अश्लील बतावे लागेला जब कि आम मनई ओकरा केे सहज भावेे लेेला.

हम कहाँ सेे बात शुरु कइनी आ तूं कहवां लेे लेेकेे आ गइलू !

कतना दिन पर आइल बानी इयाद बा ? सीधे राउर जवाब दे दीं त रउरा तुरतेे फूटेे लागब. एही सेे हमार कोशिश होला कि बात के लमारत जाईं.

भउजी काम के बोझा अतना बा कि रोज-रोज त आ ना सकी. दोसरो से मिले बतियावेे केे पड़ेला. एहसेे चलऽ अब त बता द कि जीपीएल से तोहार मतलब का बा ?

मानब नू कि जब ऊँट पहाड़ का नीचे आ जाला त ओकर बुद्धि हेराए लागेला. रउरा जीपीएल के मानेे त हम ना पूछनी त रउरा हमरा जीपीएल केे माने जानेे केे काहे जरुरत पड़ गइल ?

ऐहसेे कि हम जवन जीपीएल कहनी तवना केे हर आदमी बूझ जाई. काहेें कि जब केजरीवाल अपना गोल सेे प्रशान्त भूषण, सलीम यादव, आशुतोष वगैरह केे निकाल बाहर कइले रहलन त लोग इहे कहलेे रहेे कि एह लोग के जी पर एल लगा केे बाहर निकाल दीहल गइल. एल के मतलब त लात बता देब बाकिर जी केे मतलब तूं मन मेें सोच लऽ. बहुतेे कुछ कहल त जाला बाकिर समुझावल ना जाव. एहसेे हमरा जीपीएल के तुहूं सहजे समुझ लिहलू. बाकिर तोहार जीपीएल हम ना समुझ पवनी.

कहला केे संदर्भ देखतीं त समुझल ओतना मुश्किल ना रहीत जतना रउरा बना दिहनी. रउरा इहेे नू पूछे के रहल कि जीपीएल के देवता समन काहेे ना सुनेे ? संंदर्भ रहुवेे केेजरीवाल के आजु मिलल नउवां समन केे. काल्हुवे एगो अदालत से उनुका जमानत मिलल रहुवेे आ आजु फेरु एगो नया समन ! केजरीवाल के फेेेेंकल रोटी खाए वाला मक्कार मीडिया त अइसन हवा बनावेे के कोशिश कइलसि कि आम मनई बूझे कि केजरीवाल केे शराब घोटाला मामिला में जमानत मिल गइल. बाकिर जमानत त मिलल उनुका ओह केस में जवन ईडी कइले बिया समन ना मनला खातिर. आ हम जवन जीपीएल के बात कइनी ओकरा के एह तरह से समुझ लींं कि केजरीवाल ईडी के समन एह गलतफहमी में रहला का चलते ना मानसु कि उनुका लगेे जेेनरल प्ली आफ लिगलिटी (समन के वैधता पर सवाल उठवला) केे बहाना बा आ ऊ एह बहाना सेे समन सेे बाँचत जइहेें.

मान गइनी भउजी. अब चलेे से पहले ऊ गनवो सुना दऽ कि अबकी देवरा सेे डलवाएब !

भागब कि ना ! सुनहीं केे मन बा त यूट्यूब चैनल पर चल जाईं आ सुन लीं. बाकिर हमरा के सुनवला के जरुरत नइखेे. हम त ओह कहाउत के मानिलेंं कि, भर घर देवर भतारेे सेे ठठ्ठा !

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up