भिखारी ठाकुर के जयन्तिओ का दिने सून पड़ल रही उनकर गाँव

by | Dec 18, 2015 | 0 comments

bhikari_thakur_s2भोजपुरी के लोकचितेरा कवि, नाटककार, समाज सुधारक भिखारी ठाकुर के जयंती एह साल उनका गाँवे कवनो समारोह नइखे होखत. पहिला बेर वाराणसी में भिखारी ठाकुर के जयन्ती समारोह आयोजित होखत बा.
भिखारी ठाकुर के जनम सारण जिला के दियरा इलाका के गाँव कुतुबपुर में आजुए का दिने 18 दिसंबर के भइल रहुवे. भोजपुरी नृत्यनाटिका का जरिए सामाजिक सुधार के अलख जगाए वाला एह लोक चितेरा के उनुका सामाजिक योगदान खातिर पद्मश्री सम्मान दीहल गइल रहे.
मशहूर साहित्यकार राहुल सांकृत्यायन का नजर में भिखारी ठाकुर ‘भोजपुरी के अनगढ़ हीरा’ रहलन, दू दर्जन से बेसी नाटकन का माध्यम से भिखारी ठाकुर समाज के अनेके कुरीतियन पर चोट कइले रहलन. उनकर लिखल नाटकन में बिदेसिया, गबर घिचोर, बेटी बेचवा वगैरह खास रहली सँ.
मशहूर नाटककार संजय उपाध्याय भिखारी के‘ बिदेसिया’ के राष्ट्रीय स्तर पर मंचित क के मशहूर भइलन त गायिका कल्पना भिखारी के गीत गाके दुनिया भर में चर्चित भइली. उपन्यासकार संजीव भिखारी ठाकुर के जीवन पर ‘सूत्रधार’ लिखलन त बिहार राष्ट्रभाषा परिषद का तरफ से डॉ वीरेन्द्र नारायण यादव के संपादन में ‘भिखारी ठाकुर रचनावली’ प्रकाशित भइल. पटना में भिखारी ठाकुर पथ बा. अवतार नगर टीसन पर उनुका नाम के बोर्ड लागल बा. छपरा शहर में उनकर मूर्ति उनुका मंडली समेत लागल बा. बाकिर एही भिखारी ठाकुर के गाँव में अबकी कवनो आयोजन नइखे होखत.
हर साल भिखारी ठाकुर जयन्ती पर समारोह करे वाला ललन राय एगो दुर्घटना में घवाहिल भइला का बाद से बीमार बाड़न. भिखारी ठाकुर के गाँव कुतुबपुर गंगा के कटान में पड़े जात बा.
भिखारी ठाकुर के चिन्ता ओहू लोग के नइखे जे भोजपुरी के नाम पर तरह तरह के विश्व भा अखिल भारतीय नाम से संस्था बना के आपन गोटी सेट करे में लागल बाड़ें. बहुते लोग के त भिखारी ठाकुर के नामो से चिढ़ बा कि कतना बड़हन बड़हन पुरनिया साहित्यकारन के अनदेखी क के महज राजनीतिक मकसद से भिखारी ठाकुर के नाम जपल जात बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up