भोजपुरिओ सिनेेमा मेें नाम कमा चुकल मगही कलाकार चुनाव का मैदान में

by | Mar 30, 2024 | 0 comments

Photo source – video clip on youtube.com

भोजपुरी सिनेमा के बड़हन बाजार मेें देश के हर इलाका के कलाकार, निर्माता, आ तकनीशियन काम करेलेें. भोजपुरी के ख्यातिप्राप्त निर्माता आ निर्देशकन में दक्खिनो भाषा के लोग मिलेेला आ विशाल हृदय राखे वाला भोजपुरिआ सभकर स्वागत आ सम्मान करेलें.

बिहार के क्षेेत्रीय भाषावन मेें भोजपुरी बोले वालन के गिनिती भलहीं बड़हन होखे बाकिर मैथिली, मगही, अंगिका, वज्जिका के ताकतो कम नइखे. अलग बाति बा कि भोजपुरी सिनेेमा आ गीत-गवनई सबलेे आगा लउकेेला. एही चलतेे दोसरो भाषा केे कलाकार अपना केे भोजपुरिए कहलावल पसन्द करेलेें.

राजनीति मेें भोजपुरी गायकन के धमक देखि अब मगही भाषी लोकप्रिय कलाकार गुंजन सिंह चुनावी मैदान में उतर गइल बाड़न. पहिले त ऊ चहलन कि भाजपा सेे टिकट मिल जाव त आधा लड़ाई अइसहीं पार हो जाई बाकिर भाजपा गुंजन सिंह केे टिकट ना दिहलसि. नवादा से आवेेवाला गुंजन सिंह अब नवादा लोकसभा से आपन किस्मत निर्दलीय रहि केे आजमावे जात बाड़न. हो सकेला कि उनुकर सलाहकार उनुका केे चना केे झाड़ पर चढ़ावेे में सफल हो गइल होखिहेें.

नवादा से भाजपा बिहार के मशहूर चिकित्सक, भारत सरकार के स्वास्थ्य मंत्री आ भाजपा केे सांसद रहल डॉ सी.पी. ठाकुर के बेटा आ राज्यसभा सांंसद विवेेक ठाकुर केे आपन उमीदवार बनवले बिया. दोसरा तरफ लालू गठब्नहन का तरफ सेे श्रवण कुशवाहा केे उम्मीदवार बनावल गइल बा. संजोग सेे विवेक आ श्रवण दुनु जने लोकसभा के चुनाव पहिलके बेर लड़त बाड़ें. आ गुंजनो सिंह के ई पहिलकेे चुनावी कोशिश हवे. श्रवण कुशवाहा के टिकट मिलला से नाराज होकेे राजद विधायक रहल राजवल्लभ यादव के भाई विनोद यादवो निर्दलीय रहि के एहिजे से चुनाव लड़ीहेें. एह चलते नवादा लोकसभा चुनाव मेें कांटा केे टक्कर होखे जा रहल बा. भाजपा आ राजद दुनु अपना वोटकटवन के परेशानी झेेलिहेे.

पिछलका लोकसभा मेें एहिजा से सांसद रहलन लोजपा के टिकट पर जीतल चंदन सिंह जे बाद मेें लोजपा मेें भइल टूट का बाद पशुपति पारस का खेमा मेें चल गइल रहलन. आ चाचा-भतीजा केे लड़ाई में भतीजा बीस साबित भइलन त चंदन सिंह मैदान से बाहर हो गइलन.

नवादा केे चुनाव बिहार में सात चरण मेें होखेे जा रहल लोकसभा चुनाव केे पहिलके चरण में 19 अप्रैल 2024 केे होखेे जा रहल बा.

आईं अब सुनल जाव गुंजन सिह केे एगो मगही गाना जवना का बारे मेें यूट्यूब पर दावा बावेे कि एही गाना से गुंजन के लोकप्रियता मिलल रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up