मनोरंजन के मिठास में सांच के तिंताई घोरे के जोखिम उठवलें भिखारी ठाकुर

by | Feb 2, 2014 | 0 comments

– विपिन बहार

BipinBahar
सांच कहीं त भिखारी ठाकुर जइसन महान हस्ती प टीका टिप्पणी करे के अधिकार हमरा जइसन तुच्छ आदमी के नइखे. हम त बस उनका कृतित्व आ व्यक्तित्व के मनन चिंतन क के पसंगो भर अपना जिनिगी में ढाल लिहीं त धन समझब.

अब पता ना इ सौभाग्य बा कि दुर्भाग्य कि आज जेही ना सेही सभे अपना भोजपुरिया राजनीति के शुरुआत उनके नांव से करत बा. हर गली आ शहर में उनका नांव प सम्मान लिया-दिया रहल बा, उहो खुदरा के भाव में. अइसने माहौल में उहो लोग बदनाम बा जेकरा मन में भिखारी के प्रति श्रद्धा आ ईमानदारी बा. आज जहां चारों तरफ चमचागिरी के माहौल बा, भिखारी ठाकुर के साहस प्रणम्य आ स्तुत्य बा. अपना नाच पार्टी के बिजनेस आ जिनिगी प खतरा उठावत सामाजिक बुराईयन के निर्भीकता से मंचन कइलन. जेकरा दुआर प साटा बन्हाइल बा ओहिजे बेमेल जोड़ी आ बाल-विवाह प कटाक्ष करे के मुर्खता भला आज के करी जी..? उनका धिंधिरिक के बलिहारी बा.

असल में सामाजिक कुरीतियन के प्रति जवन पीड़ा उनका हृदय में रहे उहे उनका व्यावसायिक नियम प भारी पड़ के चट्टान नियन मजबूत साहस देत रहे. मनोरंजन के मिठास में सांच के तिंताई घोरे के जोखिम, उहो मान-अपमान आ कवनो खतरा के परवाह कइले बिना. आज भोजपुरी में एक से एक लेखक आ गीतकार बाड़ें, बाकिर काहे केहू भिखारी आ महेंदर मिसिर के अगलो-बगल नइखे टिक पावत ? तुच्छ राजनीत करे वाला लोग झूठे अपना के खुशफहमी के भरम में रखले बा. खाली कलम दउरवला आ भाषण दिहला के अलावा करनीओ में त्याग, सच्चाई आ समर्पण राखे के पड़ी, तबे भिखारी ठाकुर के नांव लिहल जाइज कहाई आ ओकर फयदो मिली.

प्रणाम!


गीतकार व अभिनेता


(हेलो भोजपुरी के दिसम्बर 2013 अंक से साभार)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up