मेला के संगीतमय शूरुआत

by | Mar 30, 2010 | 0 comments

भजन सम्राट अनूप जलोटा पिछला दिने मुंबई का एबी साउण्ड स्टुडियो में हाईटेक फिल्म्स इन्टरनेशनल का बैनर में बनेवाला आ देवा इन्टरनेशनल वंशमणी शर्मा के प्रस्तुति भोजपुरी फिल्म मेला –  एक प्रेम कथा के संगीतमय शूरुआत अपना आवाज में एगो गाना रिकार्ड करवा के कइलन. निर्माता पुष्कर अनिल सिंह आ रोजा उस्मानी के एह फिल्म के लेखन आ निर्देशन के जिम्मेदारी नौजवान आ चर्चित निर्देशक सनोज मिश्रा उठा रहल बाड़े
फिल्म के कलाकारन में भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन का साथ विशाल सिंह बंटी, पुष्कर अनिल सिंह, जकर कान, मनीष महिवाल, कैलाश उपेन्द्र सिंह, राजवीर, बालगोविन्दम आ लोकगायक आनन्द मोहन के नाम कास तौर पर लिहल जा सकेला. अदाकारा रोजा उस्मानी के जलवो एह फिल्म में देखे के मिली. गाना अणिल पुष्कर सिंह लिखले बाड़न आ संगीत ह अमन श्लोक के.
सनोज मिश्रा के कहना बा कि मेला एक प्रेम कहानी पर आधारित संगीत आ रोमांस से सजल एक्शन फिल्म ह जवना में दर्शकन के कुछ नया देखे मिली.
(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up