रसरी (लैपटाप टचपैड के समस्या) जब साँप जइसन लउके

by | Feb 10, 2024 | 0 comments

बुद्धिमान आदमी साँप के रसरी ना बूझे आ ना ही रसरी के साँप. बाकिर कई बेर अइसन हो जाला जब आदमी का सोझा अचके में अइसन समस्या आ खड़ा होखे आ ऊ ओह समस्या के जरुरत से बेसी बड़ समस्या मान बइठे.

हमरो साथ काल्हु अचानके कुछ अइसने हो गइल. पहिलहीं बता चुकल बानी कि कइसे हम एगो पुरान कंप्यूटर के दुबारा काम में ले आवे जोग बना लिहनी आ बिना कवनो सर्विस सेंटर पर गइले. अबहियों हमरा नयका कंप्यूटर ( अलग बात बा कि उहो करीब दस बरीस पुरान हो चुकल बा ) पर WINDOWS बरकरार बा आ अधिका काम हम ओही पर करीलें. बाकिर जब से अपना पुरान कंप्यूटर पर लीनक्स के UBUNTU प्रणाली लगा लिहनी त हमार आदत बिगाड़ के राख दिहले बा लीनक्स. एह पर देवनागरी में टाइप कइल अतना आसान आ सुविधाजनक हो गइल बा कि पूछीं मत. बहुते कोशिश कइनी, दिमाग लगा के देख लिहनी, बाकिर विन्डोज पर देवनागरी के ई बोलनागरी की बोर्ड ना लोड कर पवनी.

काल्हु जब चलनी कि कुछ लिखीं त देखनी कि एकर टचपैड काम नइखे करत. आ बिना टचपैड के कंप्यूटर पर कुछ कइल बहुत मुश्किल वाला काम होला. कंप्यूटर के सुजान लोग त तरह तरह के की बोर्ड जुगत भिड़ा के काम निकाल लेले. बाकिर कवनो साधारण मनई खातिर अतना सुजान भइल बहुत मुश्किल बा.

से एकाध बेर रिस्टार्ट कर के देखनी. काम ना भइल. तब USB mouse लगा के चेक कइनी कि कहाँ गड़बड़ी बा. कतहीं कुछ लउकल ना त सोचनी कि ई कंप्यूटर अतना पुरान हो चुकल बा कि हो सकेला कि हार्डवेयर के समस्या आ गइल होखे. एहिजे हम रसरी के साँप समुझ बइठनी.

बाकिर गूगल बाबा का शरण में जा के करीब करीब सगरी समस्या के समाधान का दिसाईं कुछ ना कुछ मिल सकेला. आ मिलियो गइल.

कीबोर्ड के बाकी बटन से त सभे सुपरिचित होला बाकिर फंक्शन की वाला बटन का साथे अइसन बात ना होखे. काहें कि अलग अलग प्रणाली, सिस्टम, वाला कंप्यूटर में अलग-अलग कंबिनेशन काम करेला. कई बेर अचानक भा लापरवाही में भा अनचाहे अइसने कवनो Function Key टीपा जाला आ फेर जवन समस्या आवेला ओकर समाधान ना लउके.

से टचपैड वाला हमरा समस्या का साथही अइसने भइल रहुवे. कई बेर काम करत घरी हमार नतिनी आ जाले आ कुछ ना कुछ बटन दबावे लागेले. भा हमहीं कबो कवनो झुंझुलाहट में बेमतलब कुछ बटन दबा दिहले होखब आ हमार टचपैड काम कइल बन्द कर दिहलसि.

अगर कबो रउरो साथे अइसन हो जाव त जान लीं कि फंक्शन की पर तरह तरह के कुछ चित्रो बनावल रहेला जेहसे कि सहज भाव से आदमी समुझ जाव कि कवना फंक्शन की के का काम ह. से हमरा लैपटॉप में ई चित्र हमरा F5 function key पर मिल गइल आ जइसहीं ओकरा के दबवनी समस्या के समाधान हो गइल.

एहसे सोचनी कि काहें ना रउरो सभे से एकर चरचा कर लीं जेहसे कबो रउरो साथे ई समस्या हो जाव त रउरा ओकर सहज समाधान कर पाईं.

अगर रउरो अइसन कवनो समस्या के सहज समाधान बता सकीलें त नीचे टिप्पणी खातिर दीहल जगहा पर लिख भेजीं. भा कवनो समस्या होखे त ओकरो जिक्र करीं. का पता ओकर कवनो सहज समाधान हमहूं बता पाईं.

आखिर में एगो निहोरा फेर. कई बेर लिख चुकल बानीं कि अंजोरिया के जियतार बनवले राखे खातिर रउरो सभे कुछ सहजोग कइल करीं. जरूरी नइखे कि हजारे सौ के अभिदान करीं. कम से कम अतना त रउरो सभे करिए सकीलें कि अगर कवनो पोस्ट रउरा नीक लागल त ओकरा के अपना सगरी व्हाट्सअप समूह में अग्रसारित कर दीं. एहसे अंजोरिया के पाठकन के दायरा बढ़ी आ ओकरा से हमार उत्साह.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up